Big Breaking: नेपाल में तारा एयर के विमान लापता:पोखरा से जोमसोम खातिर भरले रहे उड़ान, 22 यात्रियन में 4 भारतीय शामिल

By Anurag Ranjan

Published on: May 29, 2022

नेपाल के तारा एयर के 9NAET डबल इंजन एयरक्राफ्ट उड़ान भरला के बाद से लापता बा। एयरपोर्ट अथॉरिटी के मोताबिक अल्फा इको टैंगो कॉल साइन आला ई विमान पोखरा से जोमसोम खातिर सुबह 9:55 बजे

Share

नेपाल के तारा एयर के 9NAET डबल इंजन एयरक्राफ्ट उड़ान भरला के बाद से लापता बा। एयरपोर्ट अथॉरिटी के मोताबिक अल्फा इको टैंगो कॉल साइन आला ई विमान पोखरा से जोमसोम खातिर सुबह 9:55 बजे उड़ान भरले रहे। जवना के 10:20 बजे लैंड करे के रहे, बाकिर उ 11 बजे के बादो संपर्क में ना आइल। पोखरा एयरपोर्ट चीफ बिक्रम राज गौतम पुष्टि कइले कि एयरक्राफ्ट टावर के संपर्क से बाहर बा।

22 लोग रहे सवार

तारा एयर के प्रवक्ता सुदर्शन बरतौला के मोताबिक विमान में कैप्टन प्रभाकर प्रसाद घिमिरे, को-पायलट उत्सव पोखरेल आ एयर होस्टेस किसमी थापा सवार रहस। यात्रियन में 13 नेपाली, 4 भारतीय आ 2 जापानी यात्री रहे लो। ATC से संपर्क टूटला के बाद ई जानकारी सार्वजनिक कइल गइल।

खराब मौसम के कारण खोजे में हो रहल बा देरी

विमान के पता लगावे ला हेलीकॉप्टर भेजे के तइयारी चल रहल बा। मानल जा रहल बा कि खराब मौसम के कारण एगो हेलीकॉप्टर जोमसोम में होखला के बावजूद उड़ान ना भर सकल। एकरा पहिले सबेरे समिट एयर के दु गो विमान जोम्सम पहुंचल रहे। एही तरे मस्टैंग के मुख्य जिला अधिकारी नेत्र प्रसाद शर्मा बतवले कि धौलागिरी के अगल-बगल के पांच जिलन के सुरक्षा अधिकारियने ले अलर्ट रहे के निरदेस दिहल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.