Womens T20 WC 2026 : प्लेयर ऑफ द टूर्नामेंट के दौड़ में स्मृति मंधाना सहित चार खिलाड़ी, जानीं के बा सबसे आगे

ICC Women's T20 World Cup 2026 Player of the Tournament

Share

नई दिल्ली। आईसीसी महिला टी20 विश्व कप 2026 में प्लेयर ऑफ द टूर्नामेंट पुरस्कार खातिर चार गो खिलाड़ियन के नाम शॉर्टलिस्ट कइल गइल बा। एह सूची में ऑस्ट्रेलिया के एलिस पेरी, इंग्लैंड के डैनी वायट-हॉज, भारत के स्मृति मंधाना आ दक्षिण अफ्रीका के मारिजान कैप सामिल बा लोग। ई चारो खिलाड़ी पूरा टूर्नामेंट में सानदार प्रदर्शन कइलस आ अपना-अपना टीम खातिर अहम जोगदान दिहल।

फाइनल खेले वाली टीम से दू-दू खिलाड़ी

फाइनल में पहुंचल ऑस्ट्रेलिया आ इंग्लैंड से दू-दू खिलाड़ी एह सूची में जगह बनवले बा लोग। जबकि भारत आ दक्षिण अफ्रीका फाइनल में ना पहुंच सकल, तबो स्मृति मंधाना आ मारिजान कैप के बेहतरीन प्रदर्शन के आधार पs नामांकन मिलल बा।

एलिस पेरी के हरफनमौला प्रदर्शन

ऑस्ट्रेलिया के अनुभवी ऑलराउंडर एलिस पेरी बल्ला आ गेना दुनो से कमाल कइली। ऊ 46.25 के औसत से 185 रन बनवली आ चार विकेट लेली। पूरा टूर्नामेंट में उनका तीन बेर प्लेयर ऑफ द मैच के पुरस्कार मिलल बा।

डैनी वायट-हॉज सबसे मजबूत दावेदार

इंग्लैंड के सलामी बल्लेबाज डैनी वायट-हॉज फाइनल से पहिले टूर्नामेंट के सबसे जादे रन बनावे वाली खिलाड़ी बाड़ी। ऊ 73.5 के औसत से 294 रन बनवले बाड़ी। श्रीलंका के खिलाफ सानदार शतक आ दगो अर्धशतक के बदौलत इंग्लैंड के फाइनल तक पहुंचावे में उनकर बड़ जोगदान रहल बा।

भारत बाहर भइल, बाकिर स्मृति चमकली

भारत भले सेमीफाइनल में ना पहुंच पावल, बाकिर स्मृति मंधाना अपना सानदार बल्लेबाजी से सब केहू के धेयान खींच लेली। ऊ 205 रन बनवली आ पाकिस्तान आ नीदरलैंड्स के खिलाफ लगातार दूगो अर्धशतक जमवली। ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ ऊ 38 रन बनवली, बाकिर भारत अंतिम चार में जगह ना बना सकल।

मारिजान कैप के ऑलराउंड कमाल

दक्षिण अफ्रीका के स्टार ऑलराउंडर मारिजान कैप बल्ला आ गेना दुनो से बेहतरीन खेल देखवली। ऊ 124 रन बनवली आ 8 विकेट लेली। भारत के खिलाफ नाबाद 81 रन के सानदार पारी खेलके टीम के उम्मीद जिंदा रखली। लगभग हर मैच में ऊ कम से कम एगो विकेट जरूर लेली।

कब होई विजेता के घोषणा?

आईसीसी महिला टी20 विश्व कप 2026 के प्लेयर ऑफ द टूर्नामेंट पुरस्कार के विजेता के घोषणा अतवार के लॉर्ड्स मैदान पs इंग्लैंड आ ऑस्ट्रेलिया के बीच खेलल जाये वाला फाइनल मुकाबला के बाद कइल जाई।

Read Also: Bankipur Bypoll : जन सुराज से प्रशांत किशोर बनलें उम्मीदवार, भाजपा आ मुख्यमंत्री पs सधलें निशाना

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-