Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

383
  1. बिहार: शराबी देलस पटना एयरपोर्ट उड़ावे के धमकी; समस्तीपुर से पकड़ल गइल, बम स्क्वॉड तीन घंटा से तलाशत रहे बम, पहिले प्रशासन बतवले रहे मॉक ड्रिल।
  2. बिहार: मोतिहारी में 40 लाख के बैंक डकैती; ICICI बैंक के ब्रांच में घुसलें सs पांच बदमाश, पहिले बैंक के कैश फेर कस्टमर्स के लूटले सs। मोतिहारी के चकिया के हs वारदात।
  3. उत्तर प्रदेश: अतीक के 6 करीबियन के इहां ED के रेड; बिल्डर संजीव संजीव अग्रवाल के घरे 1 करोड़ कैश मिले के सूचना, सपा नेता के इंहो मिलल कैश। मनी लॉन्ड्रिंग के एगो ममिला में भइल बा छापेमारी।
  4. उत्तर प्रदेश: समर सिंह पांच दिन के पुलिस रिमांड पs; लखनऊ-मुंबई लेके जाई पुलिस, मोबाइल अभियो ना मिलल, अभिनेत्री आकांक्षा के मौत केस में बा आरोपी। पुलिस मंगले रहे 7 दिन के रिमांड।
  5. झारखंड: आईएएस पूजा सिंघल के ईडी कोर्ट में सरेंडर; अंतरिम जमानत अवधि आज पूरा, सुप्रीम कोर्ट में बिहान होई सुनवाई। मनरेगा घोटाला ममिला में चल रहल बा कारवाई।
  6. बटिंडा मिलिट्री स्टेशन में फायरिंग- 4 जवानन के मौत: सादा कपड़ा में अइले सs 2 हमलावर, राइफल से मरले सs गोली; टेरर एंगल के होई जांच।
  7. दिल्ली में राहुल गांधी से मिललें बिहार के सीएम नीतीश कुमार: कहलें- जादे से जादे पार्टियन के एकजुट करे के बा, राहुल बोललें- देस पs आक्रमण के खिलाफ लड़ेंम सs। कांग्रेस के संगे लेके चले के बात करत रहल बाड़ें नीतीश।
  8. 15 महीना के निचिला स्तर पs रिटेल महंगाई: मार्च में घटके 5.66 % पs आइल, खाये-पिये के सामान के दामन में गिरावट से घटल महंगाई।
  9. यूक्रेन में तैनात बा अमेरिका, ब्रिटेन आ NATO फोर्स: पेंटागन के लिक भइल फाइल्स में खुलासा; US मनलस- रूस के आगे यूक्रेनी फौज कमजोर। यूक्रेन बोलल- डॉक्यूमेंट्स के जानकारी गलत।
  10. आईपीएल में आज: चेन्नई आ राजस्थान के टक्कर; चेपक में चेन्नई के रिकार्ड सानदार, बैटिंग पिच पs राजस्थान के प्रदर्शन खतरनाक। पिछिला दुनो मुकाबला जीतले बा चेन्नई।
513660cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.