Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

असद अहमद : अतीक अहमद के बेटा असद के एनकाउंटर, यूपी एसटीएफ के बड़ कार्रवाई, एगो अउरी शूटर भी मारल गईल

झांसी में डीएसपी नवेंदु आ डीएसपी विमल के नेतृत्व में यूपीएसटीएफ के टीम से भइल मुठभेड़ में अतीक अहमद के बेटा असद आ मकसूदन के बेटा गुलाम के मौत हो गइल | दुनों के पांच-पांच लाख रुपया के इनाम रहे।

322

प्रयागराज के उमेश पाल हत्या के मामला में वांछित असद आ गुलाम के पांच-पांच लाख रुपया के इनाम मिलल। झांसी में डीएसपी नवेंदु आ डीएसपी विमल के नेतृत्व में यूपीएसटीएफ के टीम से भइल मुठभेड़ में अतीक अहमद के बेटा असद आ मकसूदन के बेटा गुलाम के मौत हो गइल | दुनु के लगे से अत्याधुनिक विदेशी हथियार बरामद भइल बा |

बतावल जाता कि यूपी एसटीएफ असद आ गुलाम के झांसी में आत्मसमर्पण करे के कहले रहे, लेकिन असद आ गुलाम एसटीएफ के टीम पे गोलीबारी शुरू क देले। पी एसटीएफ जवाबी कार्रवाई करत दुनो के हत्या क देलस। दुनों के पांच-पांच लाख रुपया के इनाम रहे।

बता दीं कि 24 फरवरी के पूर्व विधायक राजू पाल हत्या के मामला के गवाह उमेश पाल के दिनदहाड़े गोली मार के हत्या क दिहल गईल रहे। हत्या के बाद से असद आ गुलाम फरार रहले।

514730cookie-checkअसद अहमद : अतीक अहमद के बेटा असद के एनकाउंटर, यूपी एसटीएफ के बड़ कार्रवाई, एगो अउरी शूटर भी मारल गईल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.