[the_ad_group id="30365"]

17 जुलाई 2026 के राशिफल

Rashifal : राशिफल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक- 16/07/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

आषाढ़ शुक्ल पक्ष

तिथि तृतीया

सबेरे के 06 बजके 28 मिनट ले,

ओकरा बाद चतुर्थी।

दिन- सुक।

मघा नक्षत्र

सांझ के 06 बजके 34 मिनट ले,

ओकरा बाद पूर्व फाल्गुनी नक्षत्र।

व्यातीपात जोग

रात के 10 बजके 45 मिनट ले,

ओकरा बाद वरीयान जोग।

गर करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 18/07/2026

आषाढ़ शुक्ल पक्ष

तिथि- पंचमी

रात के 03 बजके 43 मिनट ले।

दिन-सनिचर।

पूर्व फाल्गुनी नक्षत्र

सांझ के 06 बजके 00 मिनट ले।

वरीयान जोग

रात के 08 बजके 45 मिनट ले।

बवकरण।

 

आज के राशिफल

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन आत्मविश्वास बढ़ल रही। नौकरी करे वाला लोगन के नया जिम्मेदारी मिल सकेला। बेयपार में लाभ के जोग बा। परिवार के संगे समय बितावे से मन खुस रही।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा,वी,वू,वे,वो से सुरू होला)

आर्थिक इस्थिति मजबूत होई। पुरान फंसल धन वापस मिल सकेला। परिवार में खुसी के माहौल रही। स्वास्थ्य के मामिला में लापरवाही मत करीं।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज सोच-समझ के फैसला लीं। ऑफिस में सहकर्मी के सहजोग मिली। विद्यार्थी लोग पढ़ाई पs ध्यान देवे, सफलता जरूर मिली।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

घर-परिवार में सुख-शांति बनल रही। धार्मिक काम में रुचि बढ़ी। खरचा पs नियंत्रण रखीं, नइखे तs बजट बिगड़ सकेला

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज भाग्य तहरा साथे रही। रुकल काम पूरा हो सकेला। बेयपार में नया अवसर मिली। प्रेम संबंध मजबूत होई।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

नौकरी में तरक्की के संभावना बा। अधिकारी तोहार काम से खुस रही लोब। सेहत ठीक रही, बाकिर खानपान पs ध्यान दीं।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज जतरा के जोग बन रहल बा। नया बेयपार में फायदा मिली। जीवनसाथी के सहजोग कइयन गो समस्या दूर हो जाई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

कवनो बड़ फैसला जल्दबाजी में मत लीं। धन के लेन-देन सोच-समझ के करीं। परिवार के बुजुर्गन के सलाह फायदेमंद रही।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज करिअर में आगे बढ़े के मवका मिली। विद्यार्थी लोगन खातिर दिन शसुभ बा। संघतिया लोगन के सहजोग से रुकल काम पूरा होई।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

कामकाज में व्यस्तता बढ़ी, बाकिर मेहनत के पूरा फल मिली। निवेश करे से पहिले विशेषज्ञ के सलाह जरूर लीं।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज रचनात्मक काम में सफलता मिली। नया योजना पs काम सुरू कसे सकत बानी। परिवार में खुसी के माहौल रही।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज मन शांत रही। आर्थिक लाभ के जोग बा। नौकरी आ बेयपार दुनो में सकारात्मक परिणाम मिल सकेला। स्वास्थ्य सामान्य रही।

Read Also: Gorakhpur Nagar Nigam : नगर निगम कार्यकारिणी के 6 सदस्य निर्विरोध चुनल गइलें, भाजपा के 5 आ सपा के 1 प्रत्याशी बनलें सदस्य

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]