स्पोर्ट्स डेस्क। भारत आ इंग्लैंड के बीच खेलल जा रहल वनडे सीरीज के दूसरका मुकाबला आज कार्डिफ में खेलल जाई। शुभमन गिल के कप्तानी में टीम इंडिया सीरीज पs कब्जा करे के इरादा से मैदान में उतरी। जदि भारत एह मैच के जीत लेत बा तs सीरीज पs ओकर कब्जा हो जाई। एही बीच फैंस खातिर सबसे जरूरी बात ई बा कि आज के मैच के समय पहिलका मुकाबला से अलग बा।
भारत आ इंग्लैंड के बीच खेलल जाये वाला दूसरका वनडे मैच भारतीय समय अनुसार सांझ 5:30 बजे से सुरू होई। मैच सुरू होखे से आधा घंटा पहिले, माने सांझ 5:00 बजे टॉस करावल जाई। पहिलका वनडे मैच भारतीय समय अनुसार दुपहरिया 3:30 बजे सुरू भइल रहे। एह कारण आज के मुकाबला देखे वाला क्रिकेट प्रेमियन के बदलल समय जरूर इयाद रखे के चाहीं।
भारत के नजर सीरीज जीत पs
टीम इंडिया पहिलका वनडे में इंग्लैंड के 6 विकेट से हरवले रहे। एह जीत के बाद भारतीय टीम के हौसला बहुते बुलंद बा। शुभमन गिल के अगुवाई में टीम आजुओ सानदार प्रदर्शन कs के सीरीज पs कब्जा करे के कोसिस करी।
भारतीय टीम के बल्लेबाजी, गेंदबाजी आ फील्डिंग पहिलका मुकाबला में बढ़िया रहल रहे। अब फैंस के उम्मीद बा कि टीम आजुओ ओह प्रदर्शन के दोहराई।
रोहित शर्मा आ विराट कोहली पs रही सबके नजर
आज के मुकाबला में रोहित शर्मा आ विराट कोहली पs सब केहू के नजर टिकल रही। पिछिला मैच में दुनु दिग्गज बल्लेबाज बड़ पारी ना खेल सकल रहे लोग। एह मुकाबला में टीम के उम्मीद रही कि दुनु खिलाड़ी अपना अनुभव के इस्तेमाल करत बढ़िया खेले लोग।
विराट कोहली खातिर ई मैच खास बा। ऊ अभी तक इंग्लैंड के जमीन पs 2642 रन बना चुकल बाड़ें। जदि आज ऊ खाली चार रन आउर बना दत बाड़े तs इंग्लैंड में सबसे जादे रन बनावे वाला भारतीय बल्लेबाजन के सूची में राहुल द्रविड़ (2645 रन) के पीछे छोड़ दिहें।
भारत के संभावित टीम
रोहित शर्मा, शुभमन गिल (कप्तान), विराट कोहली, श्रेयस अय्यर, वाशिंगटन सुंदर, केएल राहुल (विकेटकीपर), अक्षर पटेल, शिवम दुबे, गुरनूर बरार, जसप्रीत बुमराह, प्रसिद्ध कृष्णा, कुलदीप यादव, प्रिंस यादव, अर्शदीप सिंह आ ईशान किशन।
इंग्लैंड के संभावित टीम
बेन डकेट, जैकब बेथेल, जो रूट, हैरी ब्रूक (कप्तान), जॉस बटलर (विकेटकीपर), सैम करन, विल जैक्स, लियाम डॉसन, जोफ्रा आर्चर, आदिल राशिद, जोश टंग, ब्रायडन कार्स, साकिब महमूद, टॉम बैंटन, गस एटकिंसन, जेम्स कोल्स आ रेहान अहमद।
Read Also: Deoria News : करंट से जुवक के मौत पs भड़कलें ग्रामीण, मुआवजा आ सरकारी नौकरी के मांग पs अड़ल परिवार









