[the_ad_group id="30365"]

BCCI बदले जा रहल बा कइयन गो नियम, घरेलू क्रिकेट में दिखी असर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (BCCI) अब अपना घरेलू क्रिकेट में कइयन गो नया नियम लागू करे जा रहल बा। ई बदलाव मेरीलेबोन क्रिकेट क्लब (MCC) के सुझावल नियमन के आधार पs होई। BCCI एह नया नियमन के जानकारी सब राज्य क्रिकेट संघन के भेज देले बा, ताकि आवे वाला घरेलू सीजन बिना कवनो उलझन के सुचारु रूप से करावल जा सकी।

एह बदलावन में सबसे बड़ बदलाव टेस्ट क्रिकेट के दिन के आखिरी ओवर से जुड़ल बा। अब जदि दिन के आखिरी ओवर में विकेट गिर जाई, तबो ओवर पूरा करावल जाई। पहिले अंपायर एह इस्थिति में दिन के खेल खतम घोषित कs देत रहे।

एकरा अलावे वनडे आ टी-20 क्रिकेट में लेग साइड वाइड के नियम में कुछ बदलाव कइल गइल बा। ई सब नियम रणजी ट्रॉफी, विजय हजारे ट्रॉफी, सैयद मुश्ताक अली ट्रॉफी सहित सब घरेलू टूर्नामेंट में लागू होई।

BCCI के नया नियम का-का बा?

  • अब फर्स्ट क्लास क्रिकेट में दिन के आखिरी ओवर हर हाल में पूरा करावल जाई, चाहे ओवर के दौरान विकेट गिर जावs।
  • जदि बल्लेबाज जानबूझ के छोट रन लिही, तs फील्डिंग टीम के कप्तान ई तय करी कि अगिला गेना पs कवन बल्लेबाज स्ट्राइक पs रही।
  • वनडे आ टी-20 में लेग साइड वाइड के नियम खातिर नया गाइडलाइन लागू होई।
  • वनडे मैच के ड्रिंक्स ब्रेक में अब टीम के हेड कोच मैदान पs जा सकी लो।
  • गेना के डेड बॉल घोषित करे के नियम बदल गइल बा। अब गेना विकेटकीपर भा गेंदबाज के हाथ में होखल जरूरी नइखे। जदि गेना कवनो फील्डर लगे बा भा मैदान पs रुक गइल बा, तबो ओकरा के डेड बॉल मानल जा सकी।
  • गेना फेंकल गइला के समय सब फील्डरन के बाउंड्री लाइन के भीतर रहल जरूरी होई।
  • विकेटकीपर के अब गेना फेंकल गइला के समये विकेट के पीछे रहल अनिवार्य होई। पहिले ई नियम गेना खेल में आवे के समय से लागू होत रहे।
  • अब विकेटकीपर के रन-अप के दौरान दस्ताना आगे रखला पs पहिले जइसन जुर्माना ना लागी।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]