[the_ad_group id="30365"]

Bomb Threat: दिल्ली के स्कूल में बम के सूचना, ईमेल से मिलल धमकी, पुलिस-बम स्कवॉड आ स्वाट टीम मवका पs 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली के डिफेंस कॉलोनी इलाका में इस्थित एगो स्कूल के आज ईमेल के माध्यम से कैंपस में बम होखे के सूचना मिलल। एह सूचना से पूरा स्कूल में हड़कंप मच गइल आ आनन-फानन में स्कूल को खाली करा लिहल गइल बा। बम निरोधी दस्ता के बाद अब स्वाट टीमो स्कूल पहुंच चुकल बिया।

जानकारी के अनुसार बीआरटी रोड पs इस्थित इंडियन स्कूल के आज सबेरे 10.49 बजे एगो मेल मिलल। ओकरा सबजेक्ट में बम के धमकी के बात लिखल रहे। मेल में लिखल रहे कि स्कूल में बम प्लांट कइल गइल बा।

ई मेल मिलतही स्कूल प्रशासन सकता में आ गइल आ तुरंत पुलिस के सूचना देवे के संगही स्कूल के खाली करा लिहल गइल। घटना के सूचना मिलला पs पुलिस बम शिनाख्त आ निरोधी दस्ता के संगे स्कूल पहुंचले।

अभी स्कूल के बाहर भीड़ जमा बा आ पुलिस आउर बम निरोधी दस्ता स्कूल के जांच कर रहल बा। घटना के बाद से लईकन आ स्कूल स्टाफ में दहशत बा। ओहिजा ई खबर मिलला पs लईकन के अभिभावको स्कूल पहुंच गइल बा लो।

हालांकि बम मिलला के धमकी सांच बा कि केहू के शरारत बा ई बात जांच के बादे सामने आ सकी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]