Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

693
  1. बिहार: बिहार बजट में 10 लाख नौकरियन के बात; BPSC में 49 हजार, BTSC में 12 हजार आ BSSC में 29 सौ भर्ती; पुलिस आ शिक्षक के होई नियुक्ति।
  2. बिहार: बिहार के शिक्षा मंत्री बोललें- रामचरित मानस में कूड़ा कचरा, सफाई जरूरी: जदयू विधायक बतवलें चीप पब्लिसिटी, कहलें- दम बा तs दोसर धरमन पs सवाल उठावस।
  3. उत्तर प्रदेश: उमेश पाल मर्डर केस के अरोपितन के घर पs चली बुलडोजर, हत्यारण के दबोचे खातिर पुलिस आ STF के दबिश जारी।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी विधानसभा में बजट पs चरचा: अखिलेश कइलें सरकार पs हमला, बजट के बतवलें दिशाहीन, कानून बेवस्था बदहाल।
  5. झारखंड: घरे-घरे बनावल जा रहल बा आयुष्मान कार्ड, अब ग्रीन राशन कार्ड धारियन के बनी कार्ड, 5 लाख तक के ट्रीटमेंट फ्री।
  6. SC से मनीष सिसोदिया के राहत ना: CJI कहलें- जमानत लेवे खातिर हाइकोर्ट जाइल जाव, सीधे सुप्रीम कोर्ट आवल ठीक परंपरा नइखे।
  7. मनीष सिसोदिया आ सत्येंद्र जैन के इस्तीफा: CM केजरीवाल मंजूर कइलें; जैन 9 महीना से जेल में, सिसोदिया के लगे रहे 18 विभाग।
  8. महाराष्ट्र विधानसभा में पियाज पs हंगामा: 2 रुपिया किलो में पियाज बेचे के मजबूर किसान, तापमान में बढ़न्ती से पियाज खराब होखे के बा खतरा।
  9. गुरुग्राम में G-20 सम्मेलन खातिर आइल फुलन के चोरी: 40 लाख के गाड़ी से आइल रहलें सs चोर, चौक पs रखल गमला उठा ले गइले सs।
  10. न्यूजीलैंड फॉलोऑन के बाद जीते वाला तीसरका टीम: दुसरका पारी में 483 रन बनवलस, इंग्लैंड के 258 रन के टारगेट देलस, 1 रन से हरवलस।
473010cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.