[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: अब रामगढ़ताल के चारों तरफ बनी फोरलेन सड़क, जीडीए कराई निर्माण

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: रामगढ़ताल के सुंदरता बढ़ावे आ पर्यटकन के जादे से जादे सुविधा मुहैया करावे खातिर अब ताल के चारों तरफ फोरलेन सड़क बनावल जाई। पैडलेगंज से आरकेबीके तक जलनिगम पहिलही से तीन मीटर चौड़ा सड़क बना रहल बा।

ओहिजा देवरिया बाईपास के फोरलेन बनावे खातिर बजट जारी हो चुकल बा। एकरा के लोक निर्माण विभाग बनाई। बाकी बचल हिस्सा पs गोरखपुर विकास प्राधिकरण (जीडीए) फोरलेन के निर्माण कराई। एह परियोजना पs करीब 500 करोड़ रुपिया खर्च होई।

एकरा के लेके तइयारी सुरू हो गइल बा। प्राधिकरण, राजस्व विभाग के संगे मिलके सर्वे कर चुकल बा। सड़क बनावत घरी एह बात के धेयान रखल जाई कि जादे से जादे खाली जमीन के प्रयोग कइल जाई। पूरा कोसिस कइल जा रहल बा कि बन चुकल आवासन के तुरला के नौबत ना आवे।

सोमार के जीडीए उपाध्यक्ष महादेव झारखंडी टुकड़ा नंबर दु आ ओकरा अगरी-कगरी के लोगन के आश्वस्तो कइलें बाड़े। पैडलेगंज से नौकायन तक पहिलही से फोरलेन सड़क बा। नौकायन से देवरिया बाईपास पs इस्थित हनुमान मंदिर तक लोनिवि के ओर से बनावल जा रहल फोरलेन सड़क के एकर हिस्सा बना लिहल जाई। एकरा बाद सहारा इस्टेट तक देवरिया बाईपास फोरलेन के उपयोग कइल जाई।

सहारा इस्टेट में मुख्य सड़क के एह परियोजना में समाहित कइल जाई। एही सड़क के आगे बढ़ावत झारखंडी, आरकेबीके के पीछे से होत पैडलेगंज में मिलावल जाई। एह सड़क पs आवागमन के संगही जगे-जगे मनोरंजन आ स्ट्रीट फूड जोन तइयार कइल जाई।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]