Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Manish Sisodia Bail Plea: गिरफ्तारी के खिलाफ सुप्रीम कोर्ट पहुंचले मनीष सिसोदिया, दुपहर बाद होई सुनवाई

शराब घोटाला के आरोप में सीबीआई के गिरफ्तार कईला के बाद दिल्ली के उपमुख्यमंत्री मनीष सिसोदिया सुप्रीम कोर्ट के केवाड़ी खटखटवले बाड़े ।

1,223

Manish Sisodia Bail Plea in SC: अदालत  आबकारी नीति मामला में गिरफ्तार उपमुख्यमत्री मनीष सिसोदिया के पांच दिन के केंद्रीय अन्वेषण ब्यूरो (सीबीआई) के सऊंप देलस। अदालत ई मानलस कि जांच के हित में रिमांड जरूरी बा। एही के खिलाफ सिसोदिया  सुप्रीम कोर्ट के दरवाजा खटखटवले बाड़े।

आबकारी घोटाला मामला में पांच दिनन के सीबीआई रिमांड पs चल रहल दिल्ली के उपमुख्यमंत्री मनीष सिसोदिया सुप्रीम कोर्ट पहुंचल बाड़े। उनका तरफ से वकील लोग गिरफ्तारी के खिलाफ आ सीबीआई के काम करे के तउर-तरीकन के खिलाफ याचिका दायर कइले बाड़े।

माना जा रहल बा कि मनीष सिसोदिया के वकील अदालत में मामला के सुनवाई जल्दी करे के अपील कइले। चीफ जस्टिस के सोझा याचिका मेंशन भईल तs अदालत एह मामला में सुनवाई खातिर आजे दुपहर में 3.50 बजे के समय मिलल बा ।

उपमुख्यमंत्री मनीष सिसोदिया पांच दिनन के सीबीआई हिरासत में

 

अदालत आबकारी नीति मामला में गिरफ्तार उपमुख्यमत्री मनीष सिसोदिया के पांच दिनन के केंद्रीय अन्वेषण ब्यूरो (सीबीआई) में सऊंप देलस। अदालत  मनलस कि जांच के हित में रिमांड जरूरी बा। ओहिजे सिसोदिया के ओरी से कहल गइल कि तत्कालीन उपराज्यपाल  आबकारी नीति में बदलावन के मंजूरी देले रहले, बाकिर सीबीआई निर्वाचित सरकार के पीछे लागल बिया।

 

राऊज एवेन्यू कोर्ट के विशेष न्यायाधीश एमके नागपाल के सोझा सिसोदिया के पेश करतs जांच अधिकारी उनका से जांच आ पूछताछ खातिर पांच दिनन के हिरासत मंगलें। अदालत सीबीआई के मांग के स्वीकार कई लेलस आ सिसोदिया के 4 मार्च तक खातिर सीबीआई के हिरासत में सऊंप देलस ।सीबीआई  2021-22 के आबकारी नीति (अब रद्द कई जा चुकल बा ) के लागू करे में कथित भ्रष्टाचार के मामला में अतवार के सांझी के सिसोदिया को गिरफ्तार कईले बिया।

सीबीआई  अदालत से कहलस कि सिसोदिया के ओर दावा कइल गईल बा कि एह मामला में उनकर कवनो भूमिका नइखे , बाकिर जांच से ई पता चलल बा कि उ एह नीति में बदलाव खातिर व्यक्तिगत रूप से फईसला लेले रहले। सीबीआई के वकील ईहो कहलें कि उ सिसोदिया के अउरी दूसरका आरोपियन से सोझा -सोझी बात करवाई के सच्चाई के पाता लगावे के बा। एकरा अलावा नष्ट कइल गईल इलेक्ट्रानिक सामान के बारे में पता करे के बा। एकरा अलावा अउरी ढेरे कुल्ह जानकारियन के पाता करे के बा। एही से उनका के पांच दिनन के हमनी हिरासत में सऊंपल जाए।

 

मोबाइल बदलल अपराध ना होला- सिसोदिया के वकील

 

सिसोदिया के वकील रिमांड पs आपत्ति जतावत कहले कि सिसोदिया आपन मोबाइल फोन बदलले बाड़े, बाकिर हमरा समझ से आ कानूनन कवनो अपराध ना हs। दिल्ली के उपराज्यपाल से सुझाव लीहले के बादे नीति लागू कइल गईल रहे आ एकरा खातिर सलाह के जरूरत रहे, एही से साजिश के कवनो  गुंजाइसे ना रहे। सिसोदिया  हरेक चीज खुला रखे के कोशिस कइले।

उ कहले नीति लागू करे के दउरान तत्कालीन उपराज्यपाल  आबकारी नीति में बदलावन को मंजूरी देले रहले, बाकिर सीबीआई निर्वाचित सरकार के पीछे पड़ल बिया। सिसोदिया के खिलाफ कवनो सबूत नइखे । उ कहले कि सिसोदिया वित्त मंत्री हांवन, उनके बजट पेश करे के बा । कलहे आखिर अइसन का बदल गइल कि वित्त मंत्री के हिरासत में राखे के पड़ गईले? का उ आगे उपलब्ध ना रहिहेँ  आ कि ई गिरफ्तारी पीछे लुकाइल मकसद के लेके कइल गईल बा? ई मामला एगो आदमी आ संस्था पs हमला बा। ई रिमांड से माना करे के एगो उपयुक्त मामला हs।

 

सिसोदिया के वकील  कहले कि सिसोदिया  दिल्ली सरकार के सदस्य के तउर पs आपन काम कइले आ एहीसे एह फईसला खातिर उनका के जिमेदार नइखे ठहरावल जा सकत ,  आ नू  ओह फईसला पs सवाल उठावल जा सकत बा। एह से पहिले सीबीआई  सिसोदिया को भारी सुरक्षा के बीच राऊज एवेन्यू कोर्ट लेके आईल। अदालत परिसर के भीतरी आ बहरी बड़हन संख्या में सुरक्षा कर्मियन के तैनात कइल गईल रहे।

472560cookie-checkManish Sisodia Bail Plea: गिरफ्तारी के खिलाफ सुप्रीम कोर्ट पहुंचले मनीष सिसोदिया, दुपहर बाद होई सुनवाई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.