Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

669
  1. बिहार: बिहार सरकार के टेकुआ के तरे सीधा कs दिहें सुधाकर: खगड़िया में बोललें- बिहार में सत्ता संरक्षित लूट के मॉडल; पुलिसो जांच में फेल। एह बयान के बाद भइल बा कारण बताओ नोटिस जारी।
  2. बिहार: महागठबंधन के बयानबाजन पs बा सीएम के नजर; नीतीश बोललें हम सब कुछ देख रहल बानी।
  3. उत्तर प्रदेश: गांव के खिलाड़ियन के आगे बढ़े के अवसर, बस्ती में सांसद खेल महाकुंभ के उद्घाटन पs बोललें पीएम मोदी। 28 जनवरी तक खेल के ई महाकुंभ।
  4. उत्तर प्रदेश: श्रीकृष्ण जन्मस्थान-ईदगाह प्रकरण; सुन्नी सेंट्रल बोर्ड 30 के कोर्ट में दी जवाब, वकील के सउपल गइल कागजात।
  5. झारखंड: सरना धर्म कोड के माध्यम से आदिवासियन के एकत्रित कइल केंद्र के ज़िम्मेदारी : सीएम हेमंत सोरेन; कहलें- केंद्र के 9वां अनुसूची में एकरा के सामिल करे के चाहीं।
  6. 3 राज्यन में चुनाव के तरीखन के ऐलान: त्रिपुरा में 16 फरवरी, मेघालय-नगालैंड में 27 फरवरी के वोटिंग; सब के नतीजा 2 मार्च के।
  7. भाजपा सांसद खोलले रहस विमान के इमरजेंसी गेट: सिंधिया बोललें- तेजस्वी सूर्या गलती से गेट खोललें, माफी मंगलें; विपक्ष बेवजह मुद्दा मत बनावे।
  8. विधानसभा में नोटन के गड्डी लेके पहुंचले AAP विधायक मोहिंदर गोयल: कहलें – माफिया पईसा लेके अस्पताल में नौकरी दे रहल बाड़े सs, हमरा के चुप रहे खातिर रिश्वत दिहल गइल।
  9. विनेश-साक्षी के WFI अध्यक्ष पs यौन उत्पीडन के आरोप: फोगाट बोललीं – मारे के धमकी देलें; अध्यक्ष बृजभूषण बोललें – आरोप सही साबित होखे तs फांसी खातिर तइयार।
  10. भारत देलस न्यूज़ीलैंड के 350 के लक्ष्य: शुभमन गिल दुनिया के सबसे कम उमिर में एकदिवसीय दोहरा शतक जमावे वाला खिलाड़ी बनलें। सिराज देले NZ के पहिला झटका।
440970cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.