Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Wrestlers Protest: पहलवानन के प्रदर्शन के तीसरा दिन, आज प्रेस कॉन्फ्रेंस करिहें कुश्ती संघ के अध्यक्ष ब्रजभूषण शरण सिंह, दिहें सफाई

673

Wrestlers Protest: बुध (18 जनवरी) के सुरु भइल भारतीय पहलवानन के प्रदर्शन जारी बा। आज प्रदर्शन के तीसरा दिन बा। दिल्ली के जंतर-मंतर में भारत के 30 पहलवान बुध के प्रदर्शन सुरू कइले रहे लो।अब ओह लोगन के समर्थन में कइयन गो आउर पहलवानआ कुश्ती कोच आ गइल बा लोग। कइयन गो राजनेता लोग प्रदर्शन कर रहल पहलवानन के समर्थन कइले बा लोग।

पहलवान भारतीय कुश्ती संघ के अध्यक्ष बृजभूषण सिंह पs मनमानी करे आ महिला लोगन के यौन शोषण के आरोप लगवले बा लो। पहलवानन के मांग बा कि बृजभूषण सिंह के हटावल जाये आ कुश्ती संघ के खतम कs के नया संघ के निर्णाण कइल जाव। एह प्रदर्शन के खतम करावे खातिर खेल मंत्रालय पहलवानन से बात कइलस, बाकिर बातचीत के बाद पहलवान संतुष्ट ना भइल लो आ ओह लोग के प्रदर्शन जारी बा। अपना ऊपर लागल आरोपन पs सफाई देवे खातिर बृजभूषण सिंह आज प्रेस कॉन्फ्रेंस करिहें।

441720cookie-checkWrestlers Protest: पहलवानन के प्रदर्शन के तीसरा दिन, आज प्रेस कॉन्फ्रेंस करिहें कुश्ती संघ के अध्यक्ष ब्रजभूषण शरण सिंह, दिहें सफाई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.