[the_ad_group id="30365"]

Wrestlers Protest: पहलवानन के प्रदर्शन के तीसरा दिन, आज प्रेस कॉन्फ्रेंस करिहें कुश्ती संघ के अध्यक्ष ब्रजभूषण शरण सिंह, दिहें सफाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Wrestlers Protest: बुध (18 जनवरी) के सुरु भइल भारतीय पहलवानन के प्रदर्शन जारी बा। आज प्रदर्शन के तीसरा दिन बा। दिल्ली के जंतर-मंतर में भारत के 30 पहलवान बुध के प्रदर्शन सुरू कइले रहे लो।अब ओह लोगन के समर्थन में कइयन गो आउर पहलवानआ कुश्ती कोच आ गइल बा लोग। कइयन गो राजनेता लोग प्रदर्शन कर रहल पहलवानन के समर्थन कइले बा लोग।

पहलवान भारतीय कुश्ती संघ के अध्यक्ष बृजभूषण सिंह पs मनमानी करे आ महिला लोगन के यौन शोषण के आरोप लगवले बा लो। पहलवानन के मांग बा कि बृजभूषण सिंह के हटावल जाये आ कुश्ती संघ के खतम कs के नया संघ के निर्णाण कइल जाव। एह प्रदर्शन के खतम करावे खातिर खेल मंत्रालय पहलवानन से बात कइलस, बाकिर बातचीत के बाद पहलवान संतुष्ट ना भइल लो आ ओह लोग के प्रदर्शन जारी बा। अपना ऊपर लागल आरोपन पs सफाई देवे खातिर बृजभूषण सिंह आज प्रेस कॉन्फ्रेंस करिहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]