[the_ad_group id="30365"]

कंतास एयरलाइन के विमान के ऑस्ट्रेलिया में इमरजेंसी लैंडिग: एगो इंजन हो गइल रहे खराब, जारी भइल मेडे अलर्ट; सभे 145 यात्री सुरक्षित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कंतास के बोइंग 737-800 विमान न्यूजीलैंड के ऑकलैंड से 145 यात्रियन के लेके उड़ान भरले रहे। एगो इंजन खराब होखला के बाद सिडनी एयरपोर्ट पs लैंडिंग करावे के पड़ल।

न्यूजीलैंड से ऑस्ट्रेलिया जा रहल कंतास एयरलाइन के QF144 फ्लाइट के एगो इंजन बीच रास्ता में फेल हो गइल। जवना के बाद प्लेन के सिडनी में इमरजेंसी लैंडिग करावल गइल। सब 145 यात्री सुरक्षित बा लोग। गार्जियन के खबर के मोताबिक, पायलट्स के ओर से इमरजेंसी इस्थिति वाला मेडे अलर्ट जारी कइल गइल रहे। जवना के बाद सिडनी एयरपोर्ट पs फायर बिग्रेड, डॉक्टर, एम्बुलेंस आ बचावकर्मी पहुंच गइल रहे लो। हालांकि, पायलट्स अपना सूझ-बूझ से एके गो इंजन के सहारे प्लेन के सुरक्षित लैंड करा लिहल लो। अब इंजन फेल होखला के घटना के जांच कइल जा रहल बा।

पायलट्स सिडनी एयरपोर्ट पs विमान के सुरक्षित लैंड करा लिहल लो

ऑकलैंड से 2.30 पs भरले रहे उड़ान

बोइंग 737 श्रेणी के ई प्लेन न्यूजीलैंड के ऑकलैंड से दुपहरिया 2.30 बजे 145 यात्रियन के लेके उड़ान भरले रहे। तस्मान सागर के ऊपर उड़ान भरत घरी इमरजेंसी अलर्ट जारी कइल गइल। एक घंटा के बाद 3.30 बजे प्लेन ऑस्ट्रेलिया के सिडनी में सुरक्षित लैंडिग कs लेलस। दरअसल, ऑस्ट्रेलिया में समय भारत से 5.30 घंटे आगे चलेला।

फ्लाइट रडार के डाटा के मोताबिक, उड़ान के दौरान प्लेन के ऊंचाई आउर स्पीड कम भइल रहे।

एक महीना में अइसन दूसरका घटना

कंतास एयरलाइन खातिर इमरजेंसी लैंडिग वाला एक महीना में ई दूसरका घटना रहे। एकरा से पहिले 23 दिसंबर के सिगांपुर से लंदन जा रहल फ्लाइट इमरजेंसी लैंडिग कइले रहे। प्लेन के कार्गो में धुंआ होखला के वजह से प्लेन के आजरबाइजान में इमरजेंसी लैंडिग करावल गइल रहे।

एकरा पहिले दिसंबर में कंतास एयरलाइन के सिंगापुर से लंदन जा रहल फ्लाइट के इमरजेंसी लैंडिग भइल रहे।

एक इंजन के साथे उतर सकेला विमान

एयरलाइन के ओर से बतावल गइल कि बोइंग 737-800 दु इंजन वाला विमान बा आ खाली एक इंजन के संगहु सुरक्षित रूप से उतरला में सक्षम बा। एकरा बादो, पैरामेडिक्स के बोलावल गइल रहे आ एयरपोर्ट पs एम्बुलेंस सेवा के स्टैंडबाय पs रखल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]