Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

1,002
  1. बिहार: राजद के मांग- रुपिया प लालू के फोटो लागो; एकरा से डॉलर के मुकाबले रुपिया थमी, BJP बोलल- भारतीय करेंसी RJD के घोषणा पत्र ना। रेलवे के घाटा से निकाल के मुनाफा के ओर ले गइल रहस लालू यादव।
  2. बिहार: नहाय खाए के संगे छठ महापर्व के सुरुआत: पटना में श्रद्धालु लोग गंगा घाट में लगावल डुबकी, छठ गीतन से गुंजल घाट।
  3. उत्तर प्रदेश: गोरखपुर के दु गो घाटन प अबकी बेर ना होई छठ पूजन, नगर आयुक्त राप्ती नदी के बढ़त जलस्तर के बतवले वजह।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी के पहिला सिलिकॉन वैली बनी नोयडा; 31 अक्टूबर के सुरु होई डेटा सेंटर, 50 हजार नया नौकरी मिली। चार डाटा सेंटर होई तइयार।
  5. झारखंड: गार्ड-पायलट रोकत रहल लो… मालगाड़ी 112 के स्पीड से दउरत रहल; गया हादसा के जांच रिपोर्ट में दुनो के क्लीनचिट। ट्रैक प 30Km/h के रहे स्पीड लिमिट, ढलान के वजह से स्पीड बढ़ते चल गइल, प्रेशर ड्राप कइलस लो, बाकिर रफ्तार कंट्रोल ना हो सकल।
  6. इमरान खान के इस्लामाबाद मार्च: बोलले- हम नवाज के तरे भागेम ना, ISI के पोल खोल देम; भारत के फेर कइलें तारीफ, विदेश नीति के बतवले बेहतर, कहलें भारत दोसरा के अपना फसीलन में हस्तक्षेप ना करे देवेला।
  7. 54 घन्टा बाद गया-धनबाद ट्रैक प दउरल ट्रैन: डिरेल भइल रहे मालगाड़ी के 53 बोगी, 600 कर्मचारी, 20 गो क्रेन लगावल गइल रहे। छठ में यात्रियन के मिलल राहत।
  8. ब्रिटेन के प्रधानमंत्री के कोर कमेटी में बिहार के प्रज्ज्वल: भाषण सुनके फैन भइलें ऋषि सुनक, PM बनला प कोर कमेटी में कइलें शामिल, बिहार के सीवान में भइल रहे जनम।
  9. देशभर में पुलिस यूनिफॉर्म एक जइसन होखे: गृह मंत्रियन के प्रधानमंत्री के सुझाव। वन नेशन वन यूनीफॉर्म खाली एगो विचार, केहू प थोपे के कोसिस नइखीं करत। हो सकत बा एमे 5 भा 50 से 100 साल लागे- नरेंद्र मोदी।
  10. T 20 विश्व कप: आज के दुनो मैच बरखा के वजह से रद्द। इंगलेंड-ऑस्ट्रेलिया के शेयर करे के पड़ल पॉइंट, अब जीते के पड़ी हर मैच, रनरेट प हो सकेला सेमीफाइनलिस्ट के फसीला।
364640cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.