[the_ad_group id="30365"]

IndiGo: रनवे प IndiGo फ्लाइट के इंजन में अचानक लागल आग, 180 लोगन के बाच गइल जान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली एयरपोर्ट प सुक के रात एगो बड़ हादसा टल गइल। बेंगलुरू खातिर उड़ान भरे के तइयारी कर रहल IndiGo के एगो विमान के इंजन में आग लाग गइल।

आग लगला के घटना के बाद दिल्ली में IndiGo के इमरजेंसी लैंडिंग

आग लगला के घटना के बाद दिल्ली हवाई अड्डा प इमरजेंसी लैंडिंग करावल गइल। विमान के उड़ान भरतही यात्रियन के इंजन से चिंगारी निकलत लउकल। जेकरा बाद विमान के इमरजेंसी लैंडिंग करावल गइल।

विमान में रहे 180 लोग सवार

बतावल जा रहल बा कि IndiGo के जवना फ्लाइट में आग लगला के भइल घटना ओमे 180 यात्री सवार रहे लो। हालांकि इमरजेंसी लैंडिंग के बाद सब यात्रियन के सुरक्षित उतार लिहल गइल आ बड़ हादसा के टाल दिहल गइल।

सोशल मीडिया में आग लगला के घटना के वीडियो वायरल

IndiGo के फ्लाइट में आग लगला के घटना के वीडियो सोशल मीडिया प तेजी से वायरल हो रहल बा। ट्विटर प एगो वीडियो में हवाई अड्डा प उड़ान भरे के तइयारी कर रहल विमान के एगो इंजन से चिंगारी उड़त दिखाई दे रहल बा। उक्त घटना रात करीब 10 बजे के बा।

इंडिगो घटना के बारे में देलस जानकारी

इंडिगो ने एगो बयान में कहलस कि दिल्ली से बेंगलुरु खातिर उड़ान भरे वाला विमान 6ई2131 के उड़ान से पहिले एगो इंजन में चिंगारी के अनुभव भइल। बयान में कहल गइल, उड़ान के रोक दिहल गइल। सब यात्रियन के एगो वैकल्पिक विमान में बइठावल जा रहल बा। विमान में 177 यात्री आ चालक दल के सात सदस्य सवार रहे लो। बतावल गइल कि बाद में यात्रियन के सुरक्षित नीचे उतार लिहल गइल बा।

डीजीसीए देलस जांच के आदेश

इंडिगो के फ्लाइट में आग लगला के घटना के बाद डीजीसीए जांच के आदेश दे देले बा। नागरिक उड्डयन मंत्रालय डीजीसीए के अधिकारियन के घटना के जांच शुरू करे के निरदेस दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]