Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भोर के दस बड़ खबर

362
  1. पश्चिम बंगाल शिक्षक भर्ती घोटाला: अर्पिता के फ्लैट में फिर से मिलल 30 करोड़ से ज्यादा नकदी, 100 करोड़ ले जा सकsता ई मामला।
  2. कर्नाटक में भाजपा युवा मोर्चा नेता के हत्या से तनाव, दस लोग हिरासत में।
  3. पहिला बेर पाकिस्तान में बनली हिंदू महिला डीएसपी।
  4. निलंबित सांसदन के धरना के वीडियो आइल सोझे, बिस्तर पर आराम फरमात दिखले कई नेता।
  5. भारत के नाटो प्लस में जोड़ल चाहsता अमेरिका, सांसद कहने- चीन पर दबाव बनावे ख़ातिर ई जरूरी।
  6. हिमाचल के लाहौल में दू जगह बादल फाटल, कांगड़ा में बहले अउरी बिजली गिरले से दू लोग के मौत।
  7. मंकीपॉक्स के बीच पैर पसार रहल बा कोरोना: अस्पताल में बढ़ल मरीजन के संख्या, डरा रहल बा बीतल सात दिन के आंकड़ा।
  8. IND vs WI: भारत वेस्टइंडीज में हासिल कइलस सबसे बड़ जीत, शुभमन गिल प्लेयर ऑफ द मैच प्लेयर ऑफ द सीरीज बनलें।
  9. कॉमनवेल्थ गेम्स में बैडमिंटन में सात स्वर्ण समेत 25 पदक जीत चुकल बा भारत, एह बेर सिंधु-श्रीकांत अउरी लक्ष्य से सोना के आस।
  10. Realme GT2 मास्टर एक्सप्लोरर संस्करण X7 करी लांच, ग्राफिक्स चिप अपनावे खातिर कs लेहले बा तैयारी।
301400cookie-checkभोर के दस बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.