Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अगर नाइ बा ई दस्तावेज त कटी 10,000 रुपया के चालान, अइसे करीं ऑनलाइन डाउनलोड

458

केंद्रीय मोटर वाहन नियम 1989 के तहत, भारत सरकार  PUC (पॉल्यूशन अंडर कंट्रोल) सर्टिफिकेट के अनिवार्य कs देहले बा। व्हीकल रजिस्ट्रेशन सर्टिफिकेट (पंजीकरण प्रमाण पत्र), ड्राइविंग लाइसेंस अउरी मोटर बीमा पॉलिसी के तरह, PUC सर्टिफिकेट सब वाहनन खातिर अनिवार्य बा, चाहे ऊ चार पहिया वाहन होखे चाहे दूपहिया वाहन। पीयूसी प्रदूषण के स्तर को कम रखले में मदद करsला अउरी एक वर्ष से ज्यादा पुरा वाहनन खातिर मान्य बा। कौनों नया वाहन के एक साल खातिर प्रदूषण जांच से छूट देहल गईल बा। पीयूसी सर्टिफिकेट नाइ रखले पर 10,000 रुपया के जुर्माना लग सकत बा। एह दस्तावेज के महत्व के ध्यान में रखत, हम आपके बता रहल बानीं कि पीयूसी सर्टिफिकेट के कइसे डाउनलोड कइल जाव अउरी एसे जुड़ल अहम बात।

 

पीयूसी (पॉल्यूशन अंडर कंट्रोल) सर्टिफिकेट का ?
पेट्रोल चाहे डीजल पर चले वाला वाहन जलल गैस के रूप में धुंआ उत्सर्जित करेने, जेमें CO2, NOx के मिश्रण होला। ई पर्यावरण के प्रदूषित करेने सब, जेसे ई सबके खातिर हानिकारक हो सकत बा। एक पीयूसी सर्टिफिकेट चाहे वाहन प्रदूषण प्रमाणपत्र अधिकृत पॉल्यूशन टेस्टिंग सेंटर द्वारा जारी कईल गईल एक दस्तावेज बा जौन वाहन से उत्सर्जन के स्तर के बतावला। ई सेंटर वाहन के उत्सर्जन के टेस्टिंग कइला के बाद ई प्रमाण पत्र जारी करsला अउरी ई सुनिश्चित करsला कि ई उत्सर्जन सरकार द्वारा तय कइल गइल मानदंड के अंदर बा।

पीयूसी प्रमाणपत्र ऑफलाइन कसे हासिल करीं?

  • आप वाहन के एमिशन टेस्ट सेंटर (उत्सर्जन परीक्षण केंद्र) पर ले जाई जेमें कंप्यूटर के सुविधा भी होखे।
  • ई सेंटर टेल पाइप में एक यंत्र लगा के कार के जांच करी अउरी उत्सर्जन स्तर के जांच करी।
  • फीस के भुगतान करीं अउरी पीयूसी प्रमाणपत्र हासिल करीं।

पीयूसी प्रमाणपत्र ऑनलाइन कसे हासिल करीं?

  • आधिकारिक वेबसाइट parivahan.gov.in पर जाईं।
  • अब ट्रांसपोर्ट सेक्शन में जाईं अउरी आपन 5 अंक के वाहन चेसिस नंबर दर्ज करीं अउरी वाहन पंजीकरण संख्या भी दर्ज करीं।
  • ‘पीयूसी डिटेल्स’ चुनीं।
  • एकर प्रिंट आउट ले लेईं।
301880cookie-checkअगर नाइ बा ई दस्तावेज त कटी 10,000 रुपया के चालान, अइसे करीं ऑनलाइन डाउनलोड

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.