Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अर्पिता मुखर्जी के दूसरका फ्लैट में नोटन के जखीरा, नोट गिने खातिर मंगावे के पड़ल 4 गो मशीन, फेर मिलल 20 करोड़ रुपिया आ डेढ़ करोड़ के गोल्ड ज्वेलरी

अधिकारी बतवले, ‘हमनी के हाउसिंग कॉम्प्लेक्स में दु गो में से एगो फ्लैट में बड़ मात्रा में नकदी मिलल बा। हमनी के रुपिया के गिनती खातिर तीन से चार गो मशीन मंगवले बानी सs, जवना से पता चल सको कि वास्तव में केतना  राशि बा।' ऊ बतवले कि फ्लैटन के तलाशी के दौरान कइयन गो ‘अहम’ दस्तावेज बरामद भइल बा।

411

West Bengal Teacher Recruitment Scam: पश्चिम बंगाल में शिक्षक भर्ती घोटाला से जुड़ल ममिला के जांच कर रहल प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) के अर्पिता मुखर्जी के एगो आउर फ्लैट से बुध के भारी मात्रा में नकदी मिलल। एगो अधिकारी ई जानकारी देले। अर्पिता मुखर्जी के राज्य के उद्योग मंत्री पार्थ चटर्जी के करीबी मानल जाला, जिनका के एजेंसी एही ममिला में गिरफ्तार कइले बा।

ताला तुरके खोलल गइल अर्पिता मुखर्जी के फ्लैट

ईडी अर्पिता मुखर्जी के उनकर दक्षिण कोलकाता इस्थित फ्लैट से 21 करोड़ रुपिया के नकदी मिलला के एक दिन बाद 23 जुलाई के गिरफ्तार कइले रहे। अधिकारी बतवले कि अबकी बेर उत्तर कोलकाता के बेलघरिया इस्थित फ्लैट से नकदी मिलल बा, जेकर मालकिन अर्पिता मुखर्जी बाड़ी। अधिकारी कहले कि बेलघरिया के रथाला इलाका में अर्पिता के दु गो फ्लैट के ताला तुरके खोलल गइल, काहेकि दूनो फ्लैटन के चाबी ना मिलल।

अर्पिता संपत्तियन के बारे में ईडी के देली जानकारी

अधिकारी बतवके, ‘हमनी के हाउसिंग कॉम्प्लेक्स में दु गो में से एगो फ्लैट में बड़ मात्रा में नकदी मिलल बा। हमनी के रुपियन के गिनती खातिर तीन-चार गो मशीन मंगववले बानी सs, जवना से पता चले कि वास्तव में केतना राशि बा।’ ऊ बतवले कि फ्लैटन के तलाशी के दौरान कइयन गो ‘अहम’ दस्तावेज बरामद भइल बा मुखर्जी पूछताछ के दौरान ईडी के कोलकाता के आसपास के अपबा संपत्तियन के जानकारी देले रही। अब तक 20 करोड़ रुपिया गिनल चुकल बा, जबकि गिनती अभियो जारी बा। डेढ़ करोड़ के गोल्ड जांच के दौरान बरामद भइल।

जांच में सहयोग कर रहल बाड़ी अर्पिता मुखर्जी

अधिकारी बतवले कि बुध के सबेरही से एह संपत्तियन पs छापेमारी के कार्रवाई कइल जा रहल बा। मंत्री आ मुखर्जी से पूछताछ के बारे में पूछल गइला पs ऊ कहले कि अर्पिता मुखर्जी जांच में सहयोग कर रहल बाड़ी, बाकिर मंत्री के ‘रवैया असहयोगात्मक’ बा।

जब घोटाला भइल तब शिक्षा मंत्री रहले पार्थ चटर्जी

गौर करे आला बात बा कि कलकत्ता हाईकोर्ट के निरदेस पs केंद्रीय अन्वेषण ब्यूरो (सीबीआई) पश्चिम बंगाल स्कूल सेवा आयोग के अनुशंसा पs सरकारी सहायता प्राप्त स्कूलन में समूह ‘ग’ आ ‘घ’ वर्ग के कर्मचारियन आ शिक्षकन के भर्ती में भइल कथित अनियमितता के जांच कर रहल बिया। ओहिजा, ईडी घोटाला में धनशोधन के कोण से जांच कर रहल बा। उल्लेखनीय बा कि जब ई कथित घोटाला भइल रहे, ओह समय पार्थ चटर्जी राज्य के शिक्षा मंत्री रहस।

301360cookie-checkअर्पिता मुखर्जी के दूसरका फ्लैट में नोटन के जखीरा, नोट गिने खातिर मंगावे के पड़ल 4 गो मशीन, फेर मिलल 20 करोड़ रुपिया आ डेढ़ करोड़ के गोल्ड ज्वेलरी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.