Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

श्रीलंका में आपातकाल:आर्थिक संकट के विरोध में भड़कल हिंसा

सरकार के समर्थन दे रहल 11 पार्टी बोललस- देश में तुरंत अंतरिम सरकार जरूरी

166
सीवान इन्शुरेंस 720 90

श्रीलंका में गहरात आर्थिक समस्या के लेके लोग सड़क पS उतर के विरोध-प्रदर्शन कर रहल बाने। ए बीच इहवाँ के राष्ट्रपति गोटबाया राजपक्षे शुक्रवार के आपातकाल के ऐलान कS देहले बाने। आदेश में कहल गइल बा कि देश की सुरक्षा अउर आवश्यक सेवा के आपूर्ति के रखरखाव खातिर ई फैसला लेहल गइल बा।

राष्ट्रपति के ए फैसला के बाद सेना संदिग्ध लोग के बिना कौनो मुकदमाँ के गिरफ्तार कर सकत बा अउर लंबा समय ले हिरासत में रख सकत बा। राजपक्षे के सरकार के समर्थन दे रहल 11 पार्टी कैबिनेट भंग कS अंतरिम सरकार के गठन के मांग कइल बा। एनकर कहनाम बा कि हालिया कैबिनेट बढ़त महंगाई पर लगाम लगवले में नाकाम साबित भइल बा।

भारत बढ़वलस मदद के हाथ
भारत श्रीलंका के 1 बिलियन डॉलर के क्रेडिट लाइन देहले बा। भारत के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी एहपर हस्ताक्षर कइनें| एके तहत 40,000 टन डीजल ले जाए वाला एक जहाज श्रीलंका पहुंच गइल बा। ईंधन आज शाम पूरे देश में बांटल जाई।

Middle Yayawari

हिंसा के आरोप में 45 गिरफ्तार
एसे पहले गुरुवार देर रात हजार लोग राष्‍ट्रपति राजपक्षे के निवास के बाहर विरोध-प्रदर्शन अउर पथराव कइने। जवाबी कार्रवाई करत पुलिस लाठीचार्ज कर देहलस। ए हिंसक टकराव में कम से कम 5 पुलिसकर्मिन समेत 10 लोग घायल भइल। हिंसा के आरोप में 45 लोग के गिरफ्तार कइल गइल बा।

235030cookie-checkश्रीलंका में आपातकाल:आर्थिक संकट के विरोध में भड़कल हिंसा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.