WordPress database error: [Table 'khabarbh_sdlkopui3678.wp_post_views' doesn't exist]SELECT SUM(count) AS views FROM wp_post_views WHERE id IN (23488) AND type = 4
पाकिस्तान के प्रधानमंत्री इमरान खान आपन कुर्सी बचवले के आखिरी कोशिश में जुटल बाने। एह कड़ी में ऊ पिछला दिन 42 मिनट देश के संबोधित कइने। इमरान खान पाकिस्तान के मौजूदा हालात खातिर अमेरिका के जिम्मेदार ठहरावत दावा कइने कि ऊ एगो स्वतंत्र विदेश नीति पर चल रहल रहने अउर इसलिए ही अमेरिका की आंख में खटक रहल रहने। हालांकि, ऊ चीन के नाव एक्को बेर नाइ लेहने। एसे सवाल उठल कि का वाकई पाकिस्तान के एह सियासी संकट खातिर अमेरिका अउर चीन जिम्मेदार बाने?
इमरान के लग्गे लेटर बा त अखबार में छपवा दें
इमरान के लेटर बम पर अमेरिका के डेलवेयर यूनिवर्सिटी में प्रोफेसर अउर अंतरराष्ट्रीय मामला के जानकार प्रोफेसर मुक्तदर खान कहले बाने, “अमेरिका अइसन आधिकारिक पत्र लिखले होई, एह पर शक बा। कौनो देश दूसरा देश के मामला में पत्र लिख के कब्बो दखल नाइ देला। हद से हद ई हो सकत बा कि अमेरिका पाकिस्तान के राजदूत से कुछ कहले होखे अउर ऊ एगो नोट बनाके अपने विदेश मंत्रालय के भेज देहले होखे।”
प्रोफेसर खान कहले बाने, “अइसन ककौनो पत्र के होखले के दावा बचकानी बात लागत बा। अगर कौनो पत्र बा तो ओके अखबेर के फ्रंट पेज पर छपवा दें। जब अमेरिका जइसन कौनो देश के एह तरह के संदेश देवे के होला त उ प्रॉक्सी के जरिए दे देला। कौनो अधिकारिक पत्र नाइ लिखSला|
प्रोफेसर खान कहले बाने, “पाकिस्तान के विदेश नीति कब्बो स्वतंत्र नाइ रहSला। इमरान खान 42 मिनट बात कइने अउर एक्को बेर चीन के नाम नाइ लेहने। कई बेर इमरान खान से चीन में उइगुर मुसलमानन के हालत पर सवाल कइल गइल, लेकिन ऊ कब्बो मुंहे नाइ खोलने। जाहिर बात बा कि ऊ चीन के दबाव में बाने। कई साल से इमरान खान ई ले कह रहल बाने कि चीन पाकिस्तान के करीबी सहयोगी बा एलिए चीन के आलोचना नाइ करिहें।”