नेपाल के प्रधानमन्त्री के भारत दौरा

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 2, 2022

कुछ समय ले रिश्तों में खटास के बाद भारत-नेपाल संबंध में अब फिर मिठास घुले लागल बा। तीन दिनी भारत यात्रा पर आइल नेपाल के पीएम शेर बहादुर देउबा शनिवार के दिल्ली में पीएम नरेंद्र

Share

कुछ समय ले रिश्तों में खटास के बाद भारत-नेपाल संबंध में अब फिर मिठास घुले लागल बा। तीन दिनी भारत यात्रा पर आइल नेपाल के पीएम शेर बहादुर देउबा शनिवार के दिल्ली में पीएम नरेंद्र मोदी के संगे वार्ता कइने। एकरे बाद दूनों नेता नेपाल में रुपे कार्ड (RuPay Card) अउर भारत के जयनगर से नेपाल के कुर्था तकले ट्रेन सेवा के शुभारंभ कइने|
रुपे कार्ड अउर ट्रेन सेवा के शुभारंभ पीएम मोदी व देउबा ने संयुक्त रूप से कइने। जयनगर-कुर्था रेलवे लाइन के विकास भारत के मदद से कइल गइल बा। भारत यात्रा पर आइल नेपाल के प्रधानमंत्री शेर बहादुर देउबा अउर पीएम नरेंद्र मोदी के बीचे दिल्ली के बादराबाद हाउस में आज मुलाकात भइल। बदलत वैश्विक परिस्थिति में ई मुलाकात बहुत अहम बा। दूनों नेता दूनों देशों के बीच द्विपक्षीय रिश्ता के नया आयाम देहले पs विचार कइने।

रिश्ता के नया अध्याय शुरू : पीएम मोदी
एह मौका पर पीएम मोदी कहने कि नेपाल में RuPay कार्ड के शुरुआत हमनी के अर्थव्यवस्था के कनेक्टिविटी में एगो नया अध्याय जोड़ी। दूसर प्रोजेक्ट जइसन नेपाल पुलिस एकेडमी, नेपालगंज में एकीकृत चेक पोस्ट, रामायण सर्किट आदि दूनों देश के अउर करीब ले आई।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.