[the_ad_group id="30365"]

RSS के निहोरा : यूक्रेन के खिलाफ सैन्य हमला खातिर रूस पs दबाव बनावे केंद्र सरकार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ (RSS)  केंद्र सरकार से निहोरा कइले बा कि ऊ यूक्रेन के खिलाफ सैन्य हमला के रोके खातिर रूस पs दबाव बनावे। आरएसएस कहलस कि युद्ध समस्या के समाधान नाइ करsला बल्लुक मानवता के नोकसान पहुंचावला। रूस बियफ्फे के यूक्रेन पs अटैक कs देहलस। युद्ध के आजु दुसरका दिन बा। कुछ मीडिया रिपोर्ट में दावा कइल गइल बा कि रूसी सेना यूक्रेन के राजधानी कीव के नियरे पहुंच गइल बा।

आरएसएस की राष्ट्रीय कार्यकारिणी के सदस्य इंद्रेश कुमार कहनें ‘भारत सहित दुनिया के सब देसन के सरकार, राजनेता, राजनयिक, रक्षा विशेषज्ञ, वैज्ञानिक अउर नागरिक समाज के एक संगे आवे के चाहीं अउर रूसी राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन प युद्ध के तुरंत रोकले अउर बातचीत के रस्ता पर चलले के दबाव बनावे के चाहीं।’ ऊ कहनें, भारत शांति चाहsता। अइसन कौनो स्थिति नाइ होखे के चाहीं जेसे युद्ध बढ़े। युद्ध के भयावहता बहुते दर्दनाक अउर असहनीय बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]