जेलेंस्की के कीव छोड़े से इनकार, US से बोलले- हमरा के राइड ना, हथियार देहल जाव

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 26, 2022

रूस के सेना अब यूक्रेन के राजधानी कीव ले पहुंच रहल बिया। अइसन में अमेरिका यूक्रेन के राष्ट्रपति जेलेंस्की से कहलस हs कि ऊ कीव खाली कs देस, बाक़िर ऊ अमेरिका एह प्रस्ताव के ठुकरा

Share

रूस के सेना अब यूक्रेन के राजधानी कीव ले पहुंच रहल बिया। अइसन में अमेरिका यूक्रेन के राष्ट्रपति जेलेंस्की से कहलस हs कि ऊ कीव खाली कs देस, बाक़िर ऊ अमेरिका एह प्रस्ताव के ठुकरा देले बाड़े।

न्यूज़ एजेंसी के आइल एगो रिपोर्ट में  एह बात के जिकिर बा कि जेलेंस्की रूस के खिलाफ मजबूती से ठाड़ रहे के बात कहिके अमेरिका  के एह मदद से इनकार कs देले बा।

अमेरिका खुफिया अधिकारी देले जानकारी 

सीनियर अमेरिकी खुफिया अधिकारी बतवले कि अमेरिका सरकार कावर कीव के खाली करे के निहोरा कइल गइल रहे बाकिर ऊ एह प्रस्ताव के ठुकरा देले। अधिकारी के मोताबिक जेलेंस्की कहले कि लड़ाई एजा बा आ उनका टैंक का विरोध में गोला-बारूद के जरूरत बा, राइड के ना।

 

रूस के सेना राजधानी कीव के बाहर के इलाकन तक पहुंच चुकल बिया

पिछिला 24 तारीख से रूस के सेना यूक्रेन पs चारो तरफ से हमला कs रहल बिया। भले एह बात के अभी स्पष्ट जानकारी नइखे कि यूक्रेन के केतना इलाका पs यूक्रेनी सेना आ रूसी सेना के कब्जा बा। कव गो रिपोर्ट से ई साफ बा कि रूस के सेना कीव के बाहरी इलाका में पहुंच गइल बिया। अमेरिका रक्षा अधिकारियन के मानल जाव तs रूस के सेना के यूक्रेन कावर से बहुते विरोध के सामना करे के पड़ल बा आ मास्को अपना उमेद के तुलना में कम स्पीड से आगे बढ़त बा, बाक़िर ई जल्दीये तेज हो सकत बा।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.