Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पीएम मोदी कइलें मुलाकात अउर बन गइल काम, ऋषि सुनक लिहलें भारत के हक में बड़ फैसला

343

इंडोनेशिया के बाली में G-20 समिट के दौरान प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अउर ब्रिटिश प्रधानमंत्री ऋषि सुनक के मुलाकात के बाद भारतीय नागरिकन के हक में निम्मन खबर आइल बा। दरअसल, पीएम मोदी से मुलाकात के बाद ऋषि सुनक भारत के युवा पेशेवर लोगन के हर साल ब्रिटेन में काम करे खातिर 3,000 वीजा देहले के हरिहर झंडी दे देहले बानें। ब्रिटिश सरकार कहलस कि भारत एह तरह के योजना से लाभान्वित होखे वाला पहिला वीजा-राष्ट्रीय देश ह, जौन पिछले साल ब्रिटेन-भारत प्रवासन अउर गतिशीलता साझेदारी के ताकत पर प्रकाश डारsला।

ब्रिटिश पीएमओ कइलें ट्वीट

उहवें फैसले के बाद ब्रिटिश प्रधानमंत्री कार्यालय ने ट्वीट करत लिखलें कि आज ब्रिटेन-इंडिया यंग प्रोफेशनल्स स्कीम के पुष्टि कइल गइल। जेमें 18-30 वर्षीय डिग्री-शिक्षित भारतीय नागरिकन के 3,000 स्थान के पेशकश कइल गइल, ताकि ऊ ब्रिटेन में आ के दू साल तक रह सकें अउर काम कs सकें।

भारत अउर ब्रिटेन के बीच रिश्ता के लिहाज से ई घोषणा बहुत अहम

उहवें डाइनिंग स्ट्रीक के ओर से बयान जारी कsके कहल गइल बा कि भारत अउर ब्रिटेन के बीच रिश्ता के लिहाज से ई योजना बहुते महत्वपूर्ण बा। ब्रिटेन के भारत के संगे इंडो पैसिफिक रीजन के अन्य देश के तुलना में कहीं अधिक गहिराह संबंध बा। ब्रिटेन में तकरीबन एक चौथाई अंतरराष्ट्रीय छात्र भारत के बानें, भारतीय निवेश से यूके में 95 हजार रोजगार के सृजन होला।

जानीं भारत के ले के सुनक के रुख का ह?

मीडिया में आइल सुनक के बयान से पता चलsता कि ऊ भारत के साथ मुक्त व्यापार संबंध के समर्थक रहल बानें। एगो अंग्रेजी अखबार से बात करत सुनक कहले बानें कि दूनों देश में रोजगार पैदा करे अउर भारत खातिर अपने कंज्यूमर फाइनेंशियल सर्विस इंडस्ट्री के लचीला बनावे खातिर ब्रिटेन, भारत के साथ एफटीए खातिर पूरा तरह से प्रतिबद्ध बा। सुनक कार्बन उत्सर्जन नेट जीरो एंबिशन के लक्ष्य के पूरा करे खातिर भारत के क्लाइमेट फाइनेंस के सुविधा प्रदान करे के भी बात कहले रहनें।

381360cookie-checkपीएम मोदी कइलें मुलाकात अउर बन गइल काम, ऋषि सुनक लिहलें भारत के हक में बड़ फैसला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.