- बिहार: बिहार के जनप्रतिनिधियो निकलल लो पियक्कड़, शराब पियला के आरोप में पकड़ल गइलें 456 वीआईपी आ 67 सरकारी कर्मचारी। 21 डॉक्टर आ 10 अधिवक्ता लोग धराइल।
- बिहार: पटना के गांधी मैदान में बिहान 10459 पुलिसकर्मियन के नियुक्ति पत्र सउपिहें CM नीतीश, दोहरावल जाई इतिहास। एह कार्यक्रम के सीएम नीतीश के संगे उप मुख्यमंत्री तेजस्वी यादव मवजूद रहिहें।
- उत्तर प्रदेश: मैनपुरी उपचुनाव में डिंपल यादव खातिर वोट मंगिहें शिवपाल यादव, सपा जारी कइलस स्टार प्रचारकन के सूची, संगही जया बच्चन के नाव बा लिस्ट में।
- उत्तर प्रदेश: गोरखपुर में महिला के गला रेतके हत्या: बेटी से छेड़खानी कइला प महिला भेजववले रहली जेल, जमानत प आके मां के हत्या क देलस। चाकूअन से गर रेतके मार डललस।
- झारखंड: 22 साल के झारखंड… राष्ट्रपति के बिरसा मुंडा के नमन; पहिला बेर भगवान बिरसा के गांव उलिहातू पहुंचल मुर्मू, वंशज लोग कहल- मकान पक्का करवा दिहीं।
- श्रद्धा के शव के 10 टुकड़ा मिलल: आफताब हत्या के बाद फ्लैट में दोसर लईकी ले आइल रहे, पुलिस के शक उहे हत्या के वजह। जंगल में हो रहल बा टुकड़न के तलाश।
- केजरीवाल बोललें- फ्री सुविधा देवे के जादू खाली हमरा लगे: मोदी से तुलना प कहलें- PM से बराबरी हमरा खातिर सम्मान। दावा कइलें- 5 साल में दिल्ली जइसन करेम गुजराती स्कूल।
- बाली में भारतीय लोगन के बीचे मोदी: कहलें भारत स्वार्थी ना ह, दुनिया के प्रति जिम्मेदारी निभावे में यकीन राखेला। इंडोनेशिया में पीएम मोदी के संगीत प्रेम लउकल।
- UNGA में प्रस्ताव- यूक्रेन के मुआवजा देवें रूस: वोटिंग से दूर रहल भारत; 94 देश कहलस – यूक्रेन के हर्जाना त मिलही के चाहीं। शांति के रस्ता खातिर हमनी के कूटनीति के रस्ता खुला राखे के होई: भारत।
- धोनी के टीम इंडिया में हो सकत बा वापसी: BCCI के प्लान- धोनी फियरलेस स्किल्स सिखावस, मकसद- टी-20 टीम अक्रामक बनें।
साँझ के 10 बड़ खबर
Published on: Nov 15, 2022
बिहार: बिहार के जनप्रतिनिधियो निकलल लो पियक्कड़, शराब पियला के आरोप में पकड़ल गइलें 456 वीआईपी आ 67 सरकारी कर्मचारी। 21 डॉक्टर आ 10 अधिवक्ता लोग धराइल। बिहार: पटना के गांधी मैदान में बिहान 10459
Share
Tags:
big breaking, big news, bihar news, Bihar-UP News, breaking news, Evening Bulletin, evening news, evening updates, jharkhand news, Khabar bhojpuri, top 10 news, top news, up news, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






