Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

राष्ट्रीय प्रेस डे: पत्रकारन खातिर अहम बा आजु के दिन, देशभर में मनावल जा रहल बा ‘नेशनल प्रेस डे’, जानीं इतिहास अउर एकर मायना

259

आजु देश राष्ट्रीय प्रेस दिवस (National Press Day 2022) मना रहल बा। प्रेस दिवस जिम्मेदार मीडिया के मौजूदगी के रूप में मनावल जाला। ई हर साल 16 नवंबर यानी आजु के दिन मनावल जाला। एही दिन प्रेस काउंसिल ऑफ इंडिया नैतिक प्रहरी के रूप में काम कइल शुरू कइले रहे ताकि प्रेस के उच्च मानक के बना के रखल जा सके अउर ई कौनो प्रभाव या खतरा से बंधल न रहे।

दरअसल, चार जुलाई 1966 के भारत में प्रेस परिषद के स्थापना कइल गइल, जौन 16 नंवबर 1966 से आपन विधिवत कार्य शुरू कइल गइल। तब से ले के आजु ले, हर साल 16 नवंबर के तारीख ‘राष्ट्रीय प्रेस दिवस’ के रूप में मनावल जाला। लोकतंत्र के सशक्त बनावे खातिर प्रेस के स्वतंत्रता सबसे ज्यादा जरूरी बा, एही बात के याद दियावे अउर लोग ले एके पहुंचावे खातिर प्रेस दिवस मनावल जाला।

कांग्रेस दिहलस मीडियाकर्मियन के शुभकामना

राष्ट्रीय प्रेस दिवस (National Press Day) के मौका पर कई नेता लोग मीडियाकर्मियन के बधाई अउर शुभकामना देहनें। कांग्रेस ट्वीट कइलें, ”प्रेस के लोकतंत्र के चौथा स्तंभ कहल जाला। ई पारदर्शिता के बढ़ावा देता अउर प्राधिकरण के जवाबदेह रखsला। आजु राष्ट्रीय प्रेस दिवस पs हम ओ पत्रकारन के सम्मान करेनी, जे सच्चाई के सोझे लावे खातिर अपने जान के बाजी तक लगा देहनें।

प्रेस काउंसिल ऑफ इंडिया के आधिकारिक वेबसाइट के अनुसार, परिषद के अध्यक्षता परंपरागत रूप से सुप्रीम कोर्ट के एगो सेवानिवृत्त न्यायाधीश अउर 28 अतिरिक्त सदस्य करेने, जेमें से 20 भारत में संचालित मीडिया आउटलेट्स के सदस्य बानें। पांच सदस्यन के संसद के सदन से नामित कइल जाला अउर शेष तीन सांस्कृतिक, कानूनी अउर साहित्यिक क्षेत्रन के प्रतिनिधित्व करेने।

382010cookie-checkराष्ट्रीय प्रेस डे: पत्रकारन खातिर अहम बा आजु के दिन, देशभर में मनावल जा रहल बा ‘नेशनल प्रेस डे’, जानीं इतिहास अउर एकर मायना

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.