मैथिली ठाकुर के बिहार खादी, हस्तकला के ब्रांड एंबेसडर बनावल गइल 

Share

पटना: लोक संगीत में जोगदान खातिर जानल जाये वाली बिहार के मशहूर गायिका मैथिली ठाकुर के राज्य के खादी आ हस्तकला उद्योग के ब्रांड एंबेसडर बनावल गइल बा। अधिकारी लोग बुधवार के ई जानकारी दिहल लो।

ऊ लोग बतावल कि पटना में मंगर के आयोजित एगो समारोह में मैथिली के उद्योग विभाग द्वारा खादी आ हस्तकला उद्योग के ब्रांड एंबेसडर बनावल गइला से संबंधित पत्र सउपल गइल। बिहार राज्य खादी ग्रामोद्योग बोर्ड बिहार सरकार के उद्योग विभाग के अंतर्गत आवेला।

संगीत नाटक अकादमी के पुरस्कार से सम्मानित बाड़ी मैथिली 

22 साल के मैथिली के हाले में साल 2021 खातिर संगीत नाटक अकादमी के प्रतिष्ठित उस्ताद बिस्मिलाह खान युवा पुरस्कार खातिर चुनल गइल रहे।

संगीत नाटक अकादमी आउर राष्ट्रीय संगीत, नृत्य एवं नाटक अकादमी एह महीना के सुरुआत में अपना सामान्य परिषद के बैठक में देशभर के 102 युवा कलाकारन के साल 2019 से 2021 के बीच अपना-अपना कला क्षेत्र में उत्कृष्ट योगदान देवे खातिर एह पुरस्कारन खातिर चुनल गइल रहे।

बिहार के मधुबनी जिला के बेनीपट्टी में जन्मल मैथिली के हिंदुस्तानी शास्त्रीय संगीत के अलावे मैथिली के लोक संगीत के प्रशिक्षण उनका बाबूजी आ बाबा से मिलल बा। ऊ विशेष रूप से मैथिली, भोजपुरी आ हिंदी में लोक गीतन के गायन में अपना प्रतिभा के प्रदर्शन कइले बाड़ी।

मैथिली अपना दु भाइयन-रिशव आ अयाची के संगे अलग-अलग राष्ट्रीय आ अंतरराष्ट्रीय कार्यक्रमन में संगीत प्रस्तुति देत आइल बाड़ी।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-