Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सीढ़ी से गिरलें सिंगर जुबिन नौटियाल, कोहनी, पसली अउर कपार में आइल चोट

4,619

सिंगर जुबिन नौटियाल बियफे के घर पs सीढ़ी से गिर गइलें। एह दौरान उनके गंभीर चोट आइल बा। जुबिन नौटियाल के कोहनी टूट गइल बा। एकरे अलावा उनके कपार, पसली अउर माथा पर चोट लागल बा। जुबिन नौटियाल के मुंबई में अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा।

जुबिन नौटियाल के नयका गाना ‘तू सामने आए’ हाले में रिलीज भइल बा। एह गाना के ऊ सिंगर योहानी के संगे गवले बानें। बियफे के नौटियाल अउर योहानी संगे गाना के लॉन्च पर देखल गइल रहल। एकरे बादे उनके चोट लागल। एह एक्सीडेंट के चलते सिंगर के अपने दाया हाथ के ऑपरेशन करवावे के पड़ल। उनके डॉक्टर दांया हाथ के इस्तेमाल न करे के सलाह दिहले बानें।

398530cookie-checkसीढ़ी से गिरलें सिंगर जुबिन नौटियाल, कोहनी, पसली अउर कपार में आइल चोट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.