लखनऊ। तीन मैच के वनडे सीरीज में 1-0 से बढ़त बना चुकल भारतीय टीम बुध के अटल बिहारी वाजपेयी इकाना स्टेडियम में अफगानिस्तान के खिलाफ दूसरा वनडे मुकाबला खेले उतरी। टीम इंडिया के नजर अब एह मैच के जीत के सीरीज अपना नामे कइला पs बा।
धर्मशाला में खेलल गइल पहिला मुकाबला में भारत सानदार अंदाज में सात विकेट से जीत हासिल कइले रहे। अब लखनऊ में टीम इंडिया के लगे सीरीज जीत के सुनहरा मवका बा। ओहिजा, अफगानिस्तान खातिर ई मुकाबला बहुते महत्वपूर्ण बा। जदि ऊ हार गइल तs सीरीज ओकरा हाथ से निकल जाई। पहिला वनडे में भारत खातिर कप्तान शुभमन गिल सानदार प्रदर्शन कइले रहलें आ जीत के हीरो बनल रहलें, जबकि रोहित शर्मा आ उपकप्तान श्रेयस अय्यर कुछ खास ना कs सकल रहे लोग।
जीत के लय बरकरार रखे के चाही टीम इंडिया
पहिला वनडे में सानदार जीत के बाद भारतीय टीम के आत्मविश्वास बहुते बढ़ल बा। कप्तान शुभमन गिल के नाबाद 84 रन आ केएल राहुल के तेज 39 रन के पारी टीम के मजबूत इस्थिति में पहुंचा देलस। जुवा गेंदबाजन के सानदार प्रदर्शन टीम मैनेजमेंट के भरोसा बढ़वले बा। अब लखनऊ में भारतीय टीम के कोसिस रही कि जीत के सिलसिला जारी रखल जावs आ सीरीज पs कब्जा जमावल जाये।
इकाना में रोहित आ श्रेयस से बड़ पारी के उम्मेद
पहिला वनडे में रोहित शर्मा बढ़िया सुरुआत के बड़ स्कोर में ना बदल पवले रहस। रन आउट होखला के बादो उनकर बल्लेबाजी में आत्मविश्वास साफ नजर आइल। इकाना स्टेडियम के धीमा पिच पs रोहित शर्मा के भूमिका बहुते महत्वपूर्ण होखे वाला बा। रोहित इहां वेस्टइंडीज के खिलाफ सानदार शतक लगा चुकल बाड़ें। जदि ऊ लमहर पारी खेललें तs भारत बड़ स्कोर खड़ा कs सकेला।
मध्यक्रम में श्रेयस अय्यर टीम के अहम बल्लेबाज बाड़ें। स्पिन गेंदबाजी के खिलाफ उनकर आक्रामक बल्लेबाजी आ बीच के ओवर में रन बनावे के क्षमता टीम खातिर बहुत जरूरी बा। हाल के समय में अय्यर इकाना में सानदार शतक लगा चुकल बाड़ें। अफगानिस्तान के लगे राशिद खान आ मोहम्मद नबी जइसन अनुभवी स्पिनर बाड़ें, एकरा से अय्यर के जिम्मेदारी आउर बढ़ जाला।
सानदार फॉर्म में चलत बाड़ें कप्तान शुभमन गिल
भारतीय टीम के सबसे बड़ ताकत कप्तान शुभमन गिल के जबरदस्त फॉर्म बा। पहिला वनडे में नाबाद 84 रन बनाके ऊ टीम के जीत दिलवले रहलें। एह पारी के संगे गिल वनडे क्रिकेट में 3000 रन पूरा करे वाला सबसे तेज भारतीय बल्लेबाज बने के रिकॉर्ड अपना नामे कइलें।
कप्तान के रूप में गिल लगातार बढ़िया फैसला लेत नजर आ रहल बाड़ें। पहिला मुकाबला में डेब्यू करे वाला हर्ष दुबे आ गुरनूर बराड़ तीन-तीन विकेट लेके सबके प्रभावित कइले रहे लोग। अर्शदीप सिंह, कुलदीप यादव आ वॉशिंगटन सुंदर के मवजूदगी से भारतीय गेंदबाजी आक्रमण बहुते संतुलित नजर आ रहल बा।
अफगानिस्तान के गुरबाज आ राशिद से उम्मीद
पहिला वनडे में हार के बाद अफगानिस्तान के सामने वापसी के चुनौती बा। टीम के बल्लेबाजी सबसे बड़ चिंता बनल बा। पहिला मुकाबला में रहमानुल्लाह गुरबाज सानदार 102 रन के पारी खेलले रहलें, बाकिर बाकी बल्लेबाज उनकर साथ ना दे सकल लोग।
दूसरका वनडे में जीत खातिर कप्तान हशमतुल्लाह शाहिदी, इब्राहिम जादरान आ अजमतुल्लाह उमरजई के जिम्मेदारी निभावे के होई। ओहिजा गेंदबाजी में अफगानिस्तान के सबसे बड़ उम्मीद अनुभवी स्पिनर राशिद खान पs रही। अब देखे वाला बात बा कि लखनऊ में टीम इंडिया जीत के संगे सीरीज अपना नाम कs पावेले भा अफगानिस्तान वापसी करेला।









