[the_ad_group id="30365"]

Amar Ujala Program: भक्तिरस के गंगा बहइहें अभिलिप्सा, गोरखपुर में गइहें हर-हर शंभू

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अपना भजनन से देस के करोड़न लोगन के दिलन में जगह बनावे वाली अभिलिप्सा पांडा गोरखपुर में भक्तिरस के गंगा बहइहे। अभिलिप्सा अमर उजाला के ओर से 26 नवंबर के आयोजित भक्ति संध्या में अपना भजनन के प्रस्तुति करे गोरखपुर आ रहल बाड़ी।

‘हर-हर शंभू, शिव महादेवा’ गाके करोड़न लोगन के दिल जीते वाली अभिलिप्सा उड़ीसा के रहे वाला हई। अभिलिप्सा अपना धार्मिक म्यूजिक एल्बम ‘मंजिल केदारनाथ’ से आपन सिंगिंग करिअर के सुरुआत कइली। ओकरा बाद ऊ आउर कइयन गो गीत गवली।

उनका ‘हर-हर शंभू’ गाना के यूट्यूब पs अब तक 8 करोड़ 30 लाख से बेसी बार देखल जा चुकल बा। जवन लगातार बढ़त बा। अभिलिप्सा आठ अलग-अलग भाखा में गाना गावेली। उनका प्रसिद्ध गानन में ‘मंजिल केदारनाथ’, ‘हर-हर शंभू, शिवा महादेवा’, शिव रुद्राष्टकम आदि बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]