स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय क्रिकेट टीम के पूर्व कप्तान आ स्टार बल्लेबाज रोहित शर्मा अफगानिस्तान के खिलाफ दूसरका वनडे मुकाबला में एगो खास उपलब्धि अपना नावे कs लेलें। ‘हिटमैन’ लिस्ट ए क्रिकेट में 14 हजार रन पूरा कs के भारत के टॉप-5 बल्लेबाजन के खास क्लब में सामिल हो गइल बाड़ें।
बुध के खेलल गइल दूसरका वनडे मैच में रोहित शर्मा 39 गेना में 48 रन के सानदार पारी खेललें। एह पारी में ऊ 6 गो चौका आ 2 गो छक्का लगवलें। उनकर स्ट्राइक रेट 123 रहल। एह पारी के दौरान रोहित शर्मा अपना लिस्ट ए क्रिकेट करिअर में 14 हजार रन पूरा कइलें। ऊ अभी तक 356 मैच में कुल 14,038 रन बना चुकल बाड़ें। एह फॉर्मेट में उनका नावे 37 शतक दर्ज बा।
रोहित शर्मा खास क्लब में शामिल
लिस्ट ए क्रिकेट में 14 हजार से जादे रन बनावे वाला रोहित शर्मा भारत के पांचवां बल्लेबाज बन गइल बाड़ें। एह सूची में सबसे ऊपर सचिन तेंदुलकर के नाम बा। सचिन 551 मैच में 21,999 रन बनवले बाड़ें आ उनका नावे 60 शतक बा।
एह सूची में दूसरा स्थान विराट कोहली के बा, जे लिस्ट ए क्रिकेट में 16,447 रन बना चुकल बाड़ें। एकरा बाद सौरव गांगूली (15,662 रन) आ राहुल द्रविड (15,271 रन) के नाम आवेला।
भारत अफगानिस्तान के 170 रन से हरवलस
दूसरका वनडे मुकाबला में भारत अफगानिस्तान के 170 रन से हरा के तीन मैच के सीरीज में 2-0 के अजेय बढ़त बना लेलस। भारत खातिर कप्तान शुभमन गिल 154 रन आ विकेटकीपर बल्लेबाज ईशान किशन 125 रन के सानदार शतकीय पारी खेललें।
अटल बिहारी वाजपेयी इकाना स्टेडियम में भारत 49.5 ओवर में 402 रन के विशाल स्कोर खड़ा कइलस। जवाब में अफगानिस्तान के टीम 44.3 ओवर में 232 रन पs ऑलआउट हो गइल।
गिल आ ईशान के रिकॉर्ड साझेदारी
शुभमन गिल आ ईशान किशन दूसरका विकेट खातिर 141 गेना में 224 रन के रिकॉर्ड साझेदारी कइलें। एह साझेदारी के बदौलत भारत इकाना स्टेडियम में पहिला बेर 400 रन के आंकड़ा पार करे में सफल भइल। गिल 77 गेना में 13 चौका आ 2 छक्का के मदद से अपना वनडे करियर के नवां शतक पूरा कइलें। बतौर वनडे कप्तान ई उनकर पहिला शतक रहल।
ओहिजा, ईशान किशन 71 गेना में शतक पूरा कइलें। अपना पारी में ऊ 14 चौका आ 7 छक्का लगवलें। एह सानदार प्रदर्शन के संगे भारत सीरीज पs कब्जा जमा लेलस।







