Team India ODI Sqaud : इंग्लैंड के खिलाफ वनडे सीरीज खातिर भारतीय टीम के एलान, शतक जड़ला के बादो यशस्वी जायसवाल टीम से बाहर

India vs England ODI Series 2026: Team India Squad Announcement

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। इंग्लैंड के खिलाफ होखे वाला वनडे सीरीज खातिर भारतीय क्रिकेट टीम के घोषणा हो गइल बा। बीसीसीआई अतवार के अपना सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs एह बात के जानकारी देलस। भारत आ इंग्लैंड के बीच 3 मैच के वनडे सीरीज के सुरुआत 14 जुलाई से होई।

सबसे चउकावे वाला बात ई बा कि सानदार फॉर्म में चलत नवहा बल्लेबाज यशस्वी जायसवाल के टीम में जगह नइखे मिलल। अफगानिस्तान के खिलाफ तीसरा वनडे मैच में सनिचर के यशस्वी जायसवाल 110 रन के नाबाद पारी खेलले रहलें। एह सानदार प्रदर्शन के बादो चयनकर्ता उनकर नाम टीम में सामिल नइखे कइलें।

ओहिजा, विराट कोहली जदि फिट रहिहें तs इंग्लैंड के खिलाफ वनडे सीरीज में खेलत नजर आ सकत बाड़ें। टीम के कप्तानी शुभमन गिल के हाथ में दिहल गइल बा, जबकि श्रेयस अय्यर उप-कप्तान के जिम्मेदारी संभरिहें।

भारत के वनडे टीम

शुभमन गिल (कप्तान), रोहित शर्मा, विराट कोहली, श्रेयस अय्यर (उप-कप्तान), केएल राहुल (विकेटकीपर), ईशान किशन (विकेटकीपर), वॉशिंगटन सुंदर, अक्षर पटेल, नितीश कुमार रेड्डी, कुलदीप यादव, जसप्रीत बुमराह, प्रसिद्ध कृष्णा, हर्षित राणा, अर्शदीप सिंह आ गुरनूर बरार।

इंग्लैंड के खिलाफ वनडे सीरीज के कार्यक्रम

  • पहिला वनडे: 14 जुलाई – एजबेस्टन, बर्मिंघम
  • दूसरका वनडे: 16 जुलाई – सोफिया गार्डन्स, कार्डिफ
  • तीसरका वनडे: 19 जुलाई – लॉर्ड्स, लंदन

Read Also: NEET Re-Exam : ‘डर ना आत्मविश्वास के संगे दीं परीक्षा’, पुनर्परीक्षा से पहिले धर्मेंद्र प्रधान छात्रन के देलें सनेस

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-