IND vs AFG Playing 11 : भारत के नजर क्लीन स्वीप पs, यशस्वी से बड़ पारी के आस, हर्षित राणा के मिल सकेला मवका

IND vs AFG

Share

चेन्नई। IND vs AFG टीम इंडिया के नजर अब सीरीज में 3-0 से क्लीन स्वीप कइला पs बा। दुनो टीम के बीच ई मुकाबला सनिचर के चेन्नई के एमए चिदंबरम स्टेडियम में खेलल जाई।

भारत सुरुआती दुनो मैच में सानदार प्रदर्शन कs के सीरीज अपना नावे कs लेले बा। अब आखिरी मुकाबला में टीम मैनेजमेंट कुछ खिलाड़ियन के प्रदर्शन पs खास नजर रखी।

यशस्वी जायसवाल पर रही खास नजर

जुवा ओपनर यशस्वी जायसवाल पिछिला मुकाबला में कुछ खास ना कs सकल रहस आ खाली चार रन बनाके आउट हो गइल रहस। हालांकि कप्तान शुभमन गिल आ विकेटकीपर बल्लेबाज ईशान किशन शतक लगाके टीम के सानदार जीत दिलावल लोग।

आवे वाला इंग्लैंड सीरीज में विराट कोहली के वापसी के संभावना के चलते टीम के बल्लेबाजी क्रम में बदलाव हो सकेला। अइसन में यशस्वी जायसवाल खातिर ई मैच बढ़िया मवका होई कि ऊ बड़ पारी खेलके टीम में आपन दावेदारी मजबूत करस।

केएल राहुल के भूमिका पs नजर

टीम इंडिया के विकेटकीपर बल्लेबाज केएल राहुल पs सब केहू के नजर रही। उनका से उम्मेद बा कि नंबर-6 पs बल्लेबाजी करत ऊ आखिरी ओवर में तेजी से रन बनावे में टीम के मदद करस। नया भूमिका में केएल राहुल खुद के साबित करे के कोसिस करिहें आ टीम मैनेजमेंट उनकर प्रदर्शन पs धेयान रखी।

हर्षित राणा के वापसी से मजबूत भइल टीम

घुटना के चोट से ठीक होखला के बाद तेज गेंदबाजी ऑलराउंडर हर्षित राणा टीम में वापसी कइले बाड़ें। चेन्नई में उनका अंतिम एकादश में मवका मिल सकेला।

ओहिजा, नितीश कुमार रेड्डी जांघ के चोट से परेसान बाड़ें। अइसन में हर्षित राणा के लगे आपन फिटनेस आ फॉर्म साबित करे के बढ़िया मवका होई। टीम मैनेजमेंट आवे वाला आयरलैंड आ इंग्लैंड दौरा के धेयान में रखके उनका प्रदर्शन के मूल्यांकन करी।

अफगानिस्तान के सामने सम्मान बचावे के चुनौती

दूसरका ओर अफगानिस्तान टीम भारत दौरा पs अब तक संघर्ष करत नजर आइल बिया। बल्लेबाजी आ गेंदबाजी दुनो विभाग में टीम उम्मेद के मोताबिक प्रदर्शन नइखे कs सकल। आखिरी मुकाबला जीत के अफगानिस्तान टीम दौरा के सकारात्मक अंत करे के कोसिस करी, बाकिर मजबूत भारतीय टीम के खिलाफ ई आसान नइखे होखे वाला बा।

भारत के संभावित प्लेइंग-11

शुभमन गिल (कप्तान), रोहित शर्मा, यशस्वी जायसवाल, श्रेयस अय्यर, ईशान किशन, केएल राहुल, वॉशिंगटन सुंदर, कुलदीप यादव, अर्शदीप सिंह/नीतीश कुमार रेड्डी, प्रसिद्ध कृष्णा, हर्षित राणा।

अफगानिस्तान के संभावित प्लेइंग-11

हश्मतुल्लाह शाहिदी (कप्तान), रहमानुल्लाह गुरबाज, इब्राहिम जादरान, सेदिकुल्लाह अतल, अजमतुल्लाह उमरजई, मोहम्मद नबी, राशिद खान, इकराम अलीखिल, फरीद अहमद मलिक, एएम गजनफर, बिलाल सामी।

Read Also: Bengal News : टीएमसी नेता जहांगीर खान के बाद पत्नी रेजिना बीबी गिरफ्तार, पति के समर्थन में बवाल करे के आरोप

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-