Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बंगाल विधानसभा में मारपीट : भाजपा-टीएमसी के विधायक भिड़ने

एक ठो घायल, शुभेंदु अधिकारी समेत पांच लोग निलंबित

182

पश्चिम बंगाल विधानसभा में सोमवार के सत्तासीन तृणमूल कांग्रेस (टीएमसी) अउर भाजपा के विधायक आपस में भिड़ गइने। दूनो पार्टी के नेता लोग के बीच नौबत मारपीट ले के आ गइल। बतावल गइल कि टीएमसी विधायक असित मजूमदार अउर भाजपा के मनोज तिग्गा  एक-दूसरे पs हमला कइने। एमे टीएमसी नेता घायल हो गइने। एह मामला में स्पीकर ने बंगाल के नेता प्रतिपक्ष शुभेंदु अधिकारी समेत भाजपा के पांच विधायकन के सस्पेंड कs देहने।

कौने बात पर भइल रहल विवाद?
पश्चिम बंगाल विधानसभा में आज बिहानही से विपक्ष कानून व्यवस्था के मुद्दा पर मुख्यमंत्री ममता बनर्जी के बयान के मांग शुरू क देहल। एही के लेके टीएमसी के विधायक भड़क उठने अउर दूनो पक्ष के बीच कहासुनी शुरू हो गइल। देखते-देखत ई बहस मारपीट में बदल गइल। भाजपा विधायक आरोप लगवने कि ऊ बीरभूम में भइल कथित हत्या पर चर्चा चाहत रहने, जेपर हंगामा के बाद टीएमसी विधायक धक्कामुक्की-मारपीट कइने। बाद में स्पीकर कार्रवाई करत पांच विधायकन के अगिले आदेश ले निलंबित कs देहने। जौन नेता लोग के सस्पेंड कइल गइल बा, ओमें शुभेंदु अधिकारी, मनोज तिग्गा, नराहरी महतो, शंकर घोष, दीपक बरमन के नाव बा। एकरे बाद विधानसभा में विपक्ष के नेता शुभेंदु अधिकारी के नेतृत्व में लगभग 25 भाजपा विधायक विधानसभा से वॉकआउट कइने अउर दावा कइने कि सदन के अंदर तृणमूल कांग्रेस के विधायकन द्वारा उनकरे पार्टी के कई विधायकन के संगे मारपीट कइल गइल।

232720cookie-checkबंगाल विधानसभा में मारपीट : भाजपा-टीएमसी के विधायक भिड़ने

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.