बिहार के बख्तियारपुर में सीएम नीतीश कुमार पs हमला के कोसिस भइल बा। बतावल जा रहल बा कि एगो सिरफिरा आदमी जबरदस्ती मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के लगे जाये के कोसिस करत रहल हs। एही बीचे ऊ नीतीश कुमार पs निशाना साध के मुक्का चला देलस। बाक़िर गनीमत इहे रहे कि मुक्का सीएम नीतीश कुमार के ना लागल। मुख्यमंत्री पs हमला होखला से ओहिजा हड़कंप मच गइल।
2322520cookie-checkबिहार: सीएम नीतीश कुमार पs हमला के कोसिस, बख्तियारपुर के हs घटना