पाकिस्तान: अविश्वास प्रस्ताव पेश होखले से पहिलहीं इमरान सरकार के एगो अउर बड़हन झटका

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 25, 2022

पाकिस्तान में राजनीतिक उथल-पुथल जारी बा। प्रधानमंत्री इमरान खान के सरकार के खिलाफ आज यानी 25 मार्च के अविश्वास प्रस्ताव पेश होखेके बा। बतावल गइल बा कि उनके सरकार के खिलाफ एह प्रस्ताव पs वोटिंग

Share

पाकिस्तान में राजनीतिक उथल-पुथल जारी बा। प्रधानमंत्री इमरान खान के सरकार के खिलाफ आज यानी 25 मार्च के अविश्वास प्रस्ताव पेश होखेके बा। बतावल गइल बा कि उनके सरकार के खिलाफ एह प्रस्ताव पs वोटिंग अगिला हफ्ता हो सकत बा। हालांकि, बहुमत साबित कइले से पहिलहीं साथी पार्टी के मनवले के उनकर सब कोशिश नाकाम साबित हो रहल बा। अब नेशनल असेंबली में पाकिस्तान तहरीक-ए-इंसाफ के सहयोगी पार्टी मुत्ताहिदा कौमी मूवमेंट-पाकिस्तान (एमक्यूएम-पी) विपक्ष का साथ देहले के फैसला कइले बाने सब। पार्टी का कहनाम बा कि ऊ इमरान खान के पीएम पद से हटवले में विपक्षी दल के गठबंधन के सहयोग करिहें।

मुत्ताहिदा कौमी मूवमेंट-पाकिस्तान मौजूदा समय में सत्तासीन पीटीआई के सबसे बड़हन सहयोगी पार्टी बा। ओकरे पास नेशनल असेंबली में सात सांसद बाने। काफी लंबा समय से पाकिस्तान मुस्लिम लीग-नवाज (पीएमएल-एन) अउर पाकिस्तान पीपुल्स पार्टी (पीपीपी) एमक्यूएम के तुरले के कोशिश में रहल। हालांकि, पीपीपी अउर एमक्यूएम के बीच समझौता अब भइल ह।

पीपीपी के महासचिव फरहातुल्ला बाबर बातचीत के दौरान कहने कि एमक्यूएम से बातचीत के बाद पूरा मामला पs समझौता हो गइल बा। संभव बा कि इमरान सरकार के कुछ मंत्रियो विपक्ष के साथ दें। रिपोर्ट्स के मुताबिक, एमक्यूएम-पी इमरान सरकार के गिरने के बाद अपने खातिर मंत्रीपद के मांग रखले बा। एकरे अलावा कराची अउर बादराबाद में पैर जमवले में मदद के मांग कइले बा।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.