WordPress database error: [Table 'khabarbh_sdlkopui3678.wp_post_views' doesn't exist]SELECT SUM(count) AS views FROM wp_post_views WHERE id IN (23173) AND type = 4
चीनी विदेश मंत्री वांग यी भारत दौरा पs बाने। एह दौरान ऊ भारतीय राष्ट्रीय सुरक्षा सलाहकार अजित डोभाल से करीब एक घंटा बातचीत कइने। एह बातचीत के दौरान भारत कहले बा कि बॉर्डर क्षेत्र के बचल इलाका में जल्द अउर पूरी तरह से सेना के हटवले के जरूरत बा ताकि द्विपक्षीय संबंध स्वाभाविक रास्ता पs आ सकें। ऊ कहने कि शांति के बहाली से आपसी विश्वास बनवले में मदद मिली।
सकारात्मक बातचीत जारी रखले जरूरत
न्यूज एजेंसी एएनआई सूत्र के हवाले से बतवलस कि भारत शांति के बहाली खातिर राजनयिक, सैन्य स्तर पs सकारात्मक बातचीत जारी रखले के जरूरत जतवने। अजित डोभाल वांग यी से कहले बाने कि सुनिश्चित कइल जाए कि कार्रवाई समान अउर परस्पर सुरक्षा के भावना के उल्लंघन नाइ करत बा। एक्के दिशा में काम करीं अउर बकाया मुद्दा के जल्दी से जल्दी सुलझावें।
2020 के गर्मी में गलवान घाटी में दूनों पक्ष के बीच संघर्ष के बाद से ई सर्वोच्च स्तर पs पहिला बातचीत बा। दूनों देश गतिरोध के हल करे खातिर कई दौर के सीमा वार्ता कइले बा। भारत पूर्वी लद्दाख में पूरी तरह से डिसइंगेजमेंट के अपील कइले बा। सूत्र बतावत बाने कि डोभाल अउर वांग के बीच आज के बातचीत सौहार्दपूर्ण माहौल में भइल।
वांग यी अजित डोभाल के चीन अइले के नेवता देहने
चीनी पक्ष अजित डोभाल से बातचीत के आगे बढ़वले खातिर चीन के दौरा करे खातिर आमंत्रित कइले बा। न्योता पs डोभाल सकारात्मक प्रतिक्रिया देत कहने कि ऊ तत्काल मुद्दा के सफलतापूर्वक हल करे के बाद चीन के यात्रा कs सकत बाने।