Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

MORNING UPDATES: भोर के 10 गो बड़ खबर

227
सीवान इन्शुरेंस 720 90
  1. बिहार: भाजपा के बड़ सेंधमारी- मुकेश सहनी के पार्टी के 3 विधायक भाजपा में शामिल। अब मांझी आ निर्दलीय के गइला के बादो रही NDA सरकार सुरक्षित
  2. पाकिस्तान के पीएम इमरान के बड़ दावा- कवनो कीमत पs ना देम इस्तीफा, हमरा लगे बा तुरुप के इक्का, दुनिया हैरान रह जाई।
  3. भारत देलस ड्रैगन के करारा जबाब: OIC के मीटिंग में कश्मीर पs पाकिस्तान के संगे आइल चीन, भारत कहलस- बिना मतलब के बयानबाजी बरदास्त ना होई।
  4. चारा घोटाला के सजायाफ्ता आरके राणा के निधन, महंगा होटलन के शौकीन राणा चारा के पईसा से विदेस जाये खातिर जानल जाले।
  5. रूस-यूक्रेन युद्ध: इज़राइल के यूक्रेन के पेगासस स्पाइवेयर देवे से इनकार, रूस के नाराजगी के डर से फसीला बदललस इज़राइल।
  6. यूपी: विधानमण्डल दल के बइठकी आज लखनऊ में, योगी आदित्यनाथ के नाव पs लागी मुहर, डिप्टी सीएम के नाव पs हो सकेला चरचा।
  7. यूपी: 25 मार्च के मुख्यमंत्री पद के शपथ लिहे योगी, PM मोदी आ गृहमंत्री अमित शाह के रही खास मवजूदगी।
  8. उत्तराखंड- उत्तराखंड के 12 वां सीएम के रूप में पुष्कर सिंह धामी लेले शपथ, आठ मंत्री लोग के भइल साथे शपथ ग्रहण।
  9. फुटबाल: भारत-बहरीन फुटबाल मैच में भारत के मिलल हार। 2-1 से बहरीन के जीत। भारत कावर से राहुल भेके कइले गोल।
  10. आईपीएल: 26 के पहिला मैच CSK आ KKR के बीचे, मुंबई के कप्तान रोहित बोलले, ईशान किशन होइहे ओपन, सूर्या 27 के होखे आला मुंबई के पहिलका मैच ना खेलिहे।

 

230430cookie-checkMORNING UPDATES: भोर के 10 गो बड़ खबर
Middle Yayawari

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.