MORNING UPDATES: भोर के 10 गो बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 24, 2022

बिहार: भाजपा के बड़ सेंधमारी- मुकेश सहनी के पार्टी के 3 विधायक भाजपा में शामिल। अब मांझी आ निर्दलीय के गइला के बादो रही NDA सरकार सुरक्षित पाकिस्तान के पीएम इमरान के बड़ दावा- कवनो

Share

  1. बिहार: भाजपा के बड़ सेंधमारी- मुकेश सहनी के पार्टी के 3 विधायक भाजपा में शामिल। अब मांझी आ निर्दलीय के गइला के बादो रही NDA सरकार सुरक्षित
  2. पाकिस्तान के पीएम इमरान के बड़ दावा- कवनो कीमत पs ना देम इस्तीफा, हमरा लगे बा तुरुप के इक्का, दुनिया हैरान रह जाई।
  3. भारत देलस ड्रैगन के करारा जबाब: OIC के मीटिंग में कश्मीर पs पाकिस्तान के संगे आइल चीन, भारत कहलस- बिना मतलब के बयानबाजी बरदास्त ना होई।
  4. चारा घोटाला के सजायाफ्ता आरके राणा के निधन, महंगा होटलन के शौकीन राणा चारा के पईसा से विदेस जाये खातिर जानल जाले।
  5. रूस-यूक्रेन युद्ध: इज़राइल के यूक्रेन के पेगासस स्पाइवेयर देवे से इनकार, रूस के नाराजगी के डर से फसीला बदललस इज़राइल।
  6. यूपी: विधानमण्डल दल के बइठकी आज लखनऊ में, योगी आदित्यनाथ के नाव पs लागी मुहर, डिप्टी सीएम के नाव पs हो सकेला चरचा।
  7. यूपी: 25 मार्च के मुख्यमंत्री पद के शपथ लिहे योगी, PM मोदी आ गृहमंत्री अमित शाह के रही खास मवजूदगी।
  8. उत्तराखंड- उत्तराखंड के 12 वां सीएम के रूप में पुष्कर सिंह धामी लेले शपथ, आठ मंत्री लोग के भइल साथे शपथ ग्रहण।
  9. फुटबाल: भारत-बहरीन फुटबाल मैच में भारत के मिलल हार। 2-1 से बहरीन के जीत। भारत कावर से राहुल भेके कइले गोल।
  10. आईपीएल: 26 के पहिला मैच CSK आ KKR के बीचे, मुंबई के कप्तान रोहित बोलले, ईशान किशन होइहे ओपन, सूर्या 27 के होखे आला मुंबई के पहिलका मैच ना खेलिहे।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.