[the_ad_group id="30365"]

Oscars 2022: पत्नी पर मजाक सहन नाइ कs पवने विल स्मिथ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सिनेमा के दुनिया के सबसे बड़हन समारोह ऑस्कर के आयोजन के इंतजार हर कलाकार अउर कला के दुनिया से जुड़ल इंसान के होला। दुनियाभर के सितारे इहवाँ शिरकत करेने, जहां ई शो अपने शानो-शौकत खातिर जानल जाला त उहवें कई बेर एह शो में विवादो देखे के मिलिए जाला। एह बेर भी ऑस्कर में एगो बड़हन बवाल देखे के मिलल, लेकिन एह बेर ऑस्कर समारोह के स्टेज पर कुछ अइसन हो गइल, जेकरे बारे में सायद केहू नाइ सोचलहू नाइ होई। मशहूर एक्टर विल स्मिथ शो के होस्ट कs रहल कॉमेडियन क्रिस रॉक के स्टेजवे पs सबके सामने मुक्का मार देहने।

विल स्मिथ के पत्नी के गंजेपन के उड़वले रहने मजाक-

एक्टर विल स्थिम आज ऑस्कर अवार्ड के अपने नावे कइले, लेकिन एही दौरान सबसे ढेर चर्चा उनकरे गुस्सा भइले के बा। जब ऊ सबके सामने स्टेज पर जा केर अचानक क्रिस रॉक के थप्पड़ जड़ देहने। दरअसल क्रिस रॉक विल के पत्नी ज़ेडा पिंकेट के छोटहन बाल पर टिप्पणी कइले रहने अउर अइसे में उनके गुस्सा आ गइल। दरअसल जेंडा के बाल झड़ले के समस्या बा, जेकरे वजह से ऊ सिर मुंडवा लेहले रहली। रॉक स्टेज पर कहने- I Love You. हम जीआई जेन 2 देखले खातिर बेसब्र बानीं। विल स्मिथ के जब बेस्ट एक्टर खातिर ऑस्कर मिलल त ऊ स्टेज से ही क्रिस रॉक से माफी मंगने।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]