Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कपिल शर्मा शो में फिल्म प्रमोट कइले से टिकट नाइ बिकsला

जॉन अब्राहम बोलले

180

विवेक अग्निहोत्री के फिल्म द कश्मीर फाइल्स के रिलीज के बादे से कपिल शर्मा का शो निशाना पर बा। दरअसल एगो ट्वीट में विवेक कहले रहने कि कपिल उनके फिल्म के प्रमोशन अपने शो में एलिए नाइ कइने काहेंसेकी कश्मीर फाइल्स के स्टारकास्ट बड़ नाइ बा। ई मुद्दा एतना बड़ गइल कि सोशल मीडिया पर लोग कपिल के धज्जी उड़ावे लागल। फिर का रहल, कपिल  अपने पक्ष में ट्वीट कइने लेकिन यूजर्स उनके बात पर यकीन करे के तैयारे नाइ रहने।

अब जॉन अब्राहम कपिल के शो के ले के बड़ बयान देहले बानें। जॉन एह दिन अपने फिल्म अटैक के प्रमोशन कs रहल बानें जौन एही शुक्रवार के सिनेमाघर मे रिलीज होखे वाला बा। लेकिन जॉन कपिल के शो में आपन फिल्म के प्रमोशन नाइ कइल चाहsता काहेंसकी ओनके लागत बा की एसे उनकर फिल्म के टिकट नाइ बिकाई।  ऊ द कश्मीर फाइल्स के उदाहरण देत में ई बात कहने।

जॉन एगो इंटरव्यू में कहने, ‘अटैक फिल्म के डायरेक्टर लक्ष्य हमके कपिल शर्मा शो में लेके गइने। हम कपिल के पसंद करेनी। ऊ बहुत निम्मन लइका हवें, लेकिन उनकर शो हमनी के फिल्म के टिकट सेल्स नाइ बढ़ जात बा।’ जॉन कहने कि फिल्म इंडस्ट्री अगर बेमतलब के चीज प्रमोट कइल बंद कर दे त नया टैलेंट के इहवाँ जगह बनवले में कौनो दिक्कत नाइ होई। बता देहल जाए कि जॉन के पिछले कुछ दिन पहिले कपिल के शो में देखल गइल रहे।

234320cookie-checkकपिल शर्मा शो में फिल्म प्रमोट कइले से टिकट नाइ बिकsला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.