Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

541
  1. बिहार: श्रावणी मेला 2022- किन्नर शिव भक्तन के जत्था निकलल बाबाधाम, 10 साल से कर रहल बा लो बाबाधाम के यात्रा। बनारस आ कोलकाता समेत आउर कइयन गो जगहन के किन्नर एह समूह में बा लो शामिल।
  2. बिहार: बिहार में बढ़ल रोजगार मांगे वाला बेरोजगारन के तादाद, ताजा आंकड़न के मोताबिक बिहार में अभी ले 14 लाख 32 हजार से बेसी बेरोजगारन द्वारा रोजगार खातिर नेशनल करियर सर्विस पोर्टल पs रजिस्ट्रेशन करावल गइल बा। एमे 11 लाख 17 हजार 993 पुरुष आ 3 लाख 13 हजार महिला बा लो शामिल।
  3. उत्तर प्रदेश: कानपुर के मिलल सीएम योगी से सौगात, कार्डियोलॉजी में बनल कार्डियक एनेस्थीसिया विभाग, 2013 से हो रहल लगातार कोसिसन के बाद अब जा के मिलल विभाग बनवावे में सफलता।
  4. उत्तर प्रदेश: ओपी राजभर के बीचे घुसल बा केहू आउर के आत्मा, अखिलेश यादव देले झाड़-फूंक करावे के सलाह।
  5. झारखंड: बिरसा मुंडा एयरपोर्ट रांची के बम से उड़ावे के धमकी, अज्ञात नंबर से आइल फोन, CISF बढ़वलस सुरक्षा।
  6. ममता पार्थ चटर्जी के मंत्री पद से बर्खास्त कइली: गिरफ्तारी के पांच दिन बाद एक्शन, अर्पिता मुखर्जी बोलली- हमरा फ्लैट्न में राखत रहले कैश।
  7. राष्ट्रपति वाला बयान पs माफी मंगिहे अधीर: कांग्रेस नेता बोलले- सोनिया के मत घसीटल जाव, हमार जुबान फिसल गइल रहे, राष्ट्रपति से मांफी मांगे जाएम।
  8. 3 आउर सांसदन के भइल सदन से निलंबन, अब ले 27  के भइल बा निलंबन, 50 घण्टा के धरना पs बइठल लो, विपक्ष के पार्टियन द्बारा संभारल गइल खानपान, मेन्यू में चिकन-गाजर हलवा।
  9. CWG गेम्स: आज से आगाज, 213 भारतीय खिलाड़ी देखाई लो आपन दम, भारत खातिर पहिला गोल्ड मिल्खा सिंह जीतले रहस।
  10. टीम इंडिया रचलस इतिहास: तीसरा वनडे में भारत 119 रन से वेस्टइंडीज के हरवलस, वेस्टइंडीज के खिलाफ 39 बरिस में पहिला बेर ओकरे घर में क्लीन स्वीप।
301940cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.