G20 Summit: इंडोनेशिया G20 के अध्यक्षता भारत के सउपलें, मोदी कहलें- हर भारतीय खातिर गर्व के बात

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 16, 2022

G20 Summit: इंडोनेशिया भारत के G20 के अध्यक्षता सउप देले ह। एही के संगे बाली जी-20 शिखर सम्मेलन समाप्त हो गइल। इंडोनेशिया भारत के आवे आला साल खातिर समूह के अध्यक्षता सउपल। इंडोनेशिया के राष्ट्रपति

Share

G20 Summit: इंडोनेशिया भारत के G20 के अध्यक्षता सउप देले ह। एही के संगे बाली जी-20 शिखर सम्मेलन समाप्त हो गइल। इंडोनेशिया भारत के आवे आला साल खातिर समूह के अध्यक्षता सउपल। इंडोनेशिया के राष्ट्रपति जोको विडोडो ने बाली शिखर सम्मेलन के समापन समारोह में भारत के जी20 के अध्यक्षता सउपल। भारत आधिकारिक तौर प 1 दिसंबर से G20 प्रेसीडेंसी ग्रहण करीं। एह दौरान पीएम मोदी अपना संबोधन में कहलें कि भारत के G20 अध्यक्षता समावेशी, महत्वाकांक्षी आ निर्णायक होई। अगिला एक साल में, हमनी के प्रयास रही कि जी20 सामूहिक कार्रवाई के गति देवे खातिर एगो वैश्विक प्रमुख प्रस्तावक के रूप में काम करे।

महिला लोगन के नेतृत्व वाला विकास के प्राथमिकता देवे के होई: पीएम मोदी

संगही पीएम मोदी कहलें कि हमनी के जी20 एजेंडा में महिला लोगन के नेतृत्व वाला विकास के प्राथमिकता देवे के होई।  ई हर भारतीय खातिर गर्व के बात बा काहेकि भारत जी20 के अध्यक्षता संभाल रहल बा। हमनी के भारत के अलग-अलग राज्यन आ शहरन में G20 बैठके आयोजित करिहें। हमनी के सब मिलके जी20 के वैश्विक परिवर्तन के उत्प्रेरक बनावल जाई।

सबसे बड़ मैंग्रोव वन ‘तमन हुतान राया नगुराह राय’ के दौरा

बता दीं कि आज से दौरा के सुरुआत ऊ कुछ वैश्विक नेता लोगन के संगे उहां के सबसे बड़ ‘मैंग्रोव’ वन ‘तमन हुतान राया नगुराह राय’ के दौरा कइलें आ मैंग्रोव लगवलें। मैंग्रोव’ अइसन पेड़न भा झाड़ियन के कहल जात बा, जवन समुद्र तट के किनारे उगत बा। प्रधानमंत्री मोदी जी20 शिखर सम्मेलन में हिस्सा लेवे बाली पहुंचल बाड़ें, जवन मंगर के सुरू भइल बा।

जी20 समूह के वर्तमान अध्यक्ष भारत

अब भारत जी20 समूह के वर्तमान अध्यक्ष बा। भारत एक दिसंबर से औपचारिक रूप से जी20 के अध्यक्षता संभरलस। जी-20 में अर्जेंटीना, ऑस्ट्रेलिया, ब्राजील, कनाडा, चीन, फ्रांस, जर्मनी, भारत, इंडोनेशिया, इटली, जापान, दक्षिण कोरिया, मैक्सिको, रूस, सऊदी अरब, दक्षिण अफ्रीका, तुर्किये, ब्रिटेन, अमेरिका आ यूरोपीय संघ (ईयू) सामिल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.