Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मस्क के चौंकावे वाला ट्वीट:अब कोका-कोला खरीदब ताकि कोकीन मिला सकीं

एक घण्टा में 8 लाख लोग कइल लाइक

148

माइक्रो ब्लॉगिंग साइट ट्विटर के खरीदले के बाद टेस्ला के CEO एलन मस्क सोशल मीडिया पर काफी एक्टिव नजर आ रहल बानें। ऊ जल्दिए कोका-कोला खरीदले के बात कइलें। ऊ कहने कि ऊ एमे कोकीन डरिहें

मस्क ट्वीट कइले कि अब हम कोका- कोला खरीद रहल बानीं ताकि ओमें कोकीन फेर डारल जा सके। उनके एह ट्वीट के लोग अब ले लाखों के संख्या में लाइक अउर रीट्वीट कs चुकल बानें। एह ट्वीट के कुछ देर बाद मस्क एगो अउर ट्वीट कइलें। कहने कि- ट्विटर अउर ज्यादा मजा वाला जगह बने के चाहीं।
एकरे तुरंत बाद, मस्क अपने पिछले ट्वीट के एगो स्क्रीनशॉट भी पोस्ट कइलें जेमें ऊ कहले रहने कि अब हम मैकडॉनल्ड्स खरीदे जा रहल बानीं अउर सब आइसक्रीम मशीन ठीक कs देब। ऊ मजाक में अपना के जवाब देहनें- सुनs, हम चमत्कार नाइ कs सकेनी।

246210cookie-checkमस्क के चौंकावे वाला ट्वीट:अब कोका-कोला खरीदब ताकि कोकीन मिला सकीं

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.