[the_ad_group id="30365"]

धोनी के पत्नी नाराज: बिजली कटौती के लेके फूटल गुस्सा, ट्वीट कs के सरकार के सुनवली खरी-खोटी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय क्रिकेट टीम के पूर्व कप्तान महेंद्र सिंह धोनी के पत्नी साक्षी धोनी ए घरी झारखंड में होखे आला बिजली कटौती से परेशान चल रहल बाड़ी। ऊ राज्य में उत्पन्न बिजली संकट के लेके कईयन गो सवाल खड़ा कइले बाड़ी आ सरकार के जमके खरी-खोटी सुनवले बाड़ी। धोनी के पत्नी ट्वीट करत लिखली कि एगो करदाता के रूप में बस ई जानल चाहत बानी कि झारखंड में एतना साल से बिजली संकट काहे बा? हम जान-बूझके ई सुनिश्चित कs रहल बानी कि हम ऊर्जा के बचत करीं। बता दी कि धोनी के पत्नी ट्विटर पs बहुते कम एक्टिव रहेली। एकरा पहिले ऊ 16 जुलाई 2021 के अंतिम ट्वीट कइले रही।

लोड शेडिंग से परेशान झारखंड के लोग
बता दी कि झारखंड में लोग लगातार लोड शेडिंग से परेसान बा काहेकि राज्य के अधिकांश हिस्सन में तापमान 40 डिग्री सेल्सियस से ऊपर बा। हीटवेव पश्चिम सिंहभूम, कोडरमा आ गिरिडीह जिला के अपना चपेट में ले लेले बा। जबकि 28 अप्रैल ले रांची, बोकारो, पूर्वी सिंहभूम, गढ़वा, पलामू आ चतरा में भीषण गरमी रहला के आसार बा।

बिजली संकट के लेके बैठकन के दौर जारी
एकरा पहिले सोमार के बिजली संयंत्रन के कोयला के आपूर्ति में कमी के कारण बढ़त ऊर्जा संकट के लेके बिजली मंत्री आर के सिंह आ रेल मंत्री अश्विनी वैष्णव अल्पकालिक आ दीर्घकालिक रणनीतियन पs विचार-विमर्श कइल लो। एह दौरान बिजली के मांग से निपटे ला रणनीति बनावल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]