[the_ad_group id="30365"]

एक चौथाई पावर प्लांट बंद:16 राज्य में 10 घंटा के बिजली कटौती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भीषण गर्मी के चलते देशभर में बिजली के मांग बढ़त जा रहल बा। अइसन में देश के एक चौथाई पावर प्लांट बंद बा। नतीजा, 16 राज्य में 10 घंटा तक के बिजली कटौती शुरू हो गइल बा। सरकारी रिकॉर्ड के मुताबिक, देशभर में 10 हजार मेगावॉट, यानी 15 करोड़ यूनिट के कटौती हो रहल बा, लेकिन बिजली के कमी वास्तव में कहीं ज्यादा बा।एह बीच रेल मंत्रालय बड़ कदम उठवले बा। रेलवे पावर प्लांट्स ले कोयला के तेजी से सप्लाई खातिर 24 मई तक ले कई पैसेंजर ट्रेन के रद्द कs देहले बा ताकि कोयला ले जाए वाली मालगाड़ी समय से निर्धारित स्टेशन पर पहुंच सके।
भारतीय रेलवे के कार्यकारी निदेशक गौरव कृष्ण बंसल के मुताबिक पैसेंजर ट्रेन के रद्द कइले के फैसला अस्थायी बा। स्थिति सामान्य होइतहीं सेवा वापस शुरू कs देहल जाई। एह फैसला के बाद रेलवे अपने बेड़े में एक लाख अउर वैगन जोड़े जा रहल बा। एकरे अलावा रेलवे माल के तेजी से पहुंचवले खातिर डेडिकेटेड फ्रेट कॉरिडोरो बनावल जा रहल बा।

बिजली कटौती के असर अब राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली में भी होखे लागल बा। कोयला के कमी के गहरात संकट के बीचे दिल्ली सरकार मेट्रो अउर अस्पताल समेत कई आवश्यक संस्थान के 24 घंटे बिजली आपूर्ति में असमर्थता जता देहले बा। दिल्ली के बिजली मंत्री सत्येंद्र जैन स्थिति के आकलन करे खातिर गुरुवार के एगो आपातकालीन बैठक कइलें। सथही केंद्र के पत्र लिखलें अउर अनुरोध कइलें कि ऊ राष्ट्रीय राजधानी के बिजली के आपूर्ति करे वाले बिजली संयंत्र के पर्याप्त कोयला के उपलब्धता सुनिश्चित करें।
एन्ने अकेले यूपी मे 3 हजार मेगावॉट से ज्यादा के कमी बा। इहां 23 हजार मेगावॉट बिजली के डिमांड बा, जबकि सप्लाई 20 हजार मेगावाॅट बा। बिजली कटौती के मुख्य कारण देश के एक चौथाई बिजली प्लांट्स के बंद होखल बा। एमे से 50% प्लांट कोयला के कमी के चलते बंद बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]