उत्तर प्रदेश विधानसभा चुनाव में करारा हार से सबक सीखे के बात करे आली मायावती अब मीडिया के एकरे खातिर जिम्मेदार ठहरवले बाड़ी। इहे नाइ, हार से भड़कल मायावती ऐलान कइली ह कि उनकर पार्टी टीवी चैनलन के डिबेट्स के बायकॉट करी। ऊ कहली कि बीएसपी के कौनो प्रवक्ता अब टीवी चैनलन में कौनो कार्यक्रम में हिस्सा नाइ लेई। बीएसपी सुप्रीमो ट्वीट कsके अपना फैसला के जानकारी देहली हई। इहे नाइ, मायावती का कहनाम बा कि मीडिया अपने आका लोगन के इशारा पs जातिवादी रवैया देखा के अउर बीएसपी के मूवमेंट के नुकसान पहुंचवले के काम कइले बा।
1. यूपी विधानसभा आमचुनाव के दौरान मीडिया द्वारा अपने आक़ाओं के दिशा-निर्देशन में जो जातिवादी द्वेषपूर्ण व घृणित रवैया अपनाकर अम्बेडकरवादी बीएसपी मूवमेन्ट को नुकसान पहुंचाने का काम किया गया है वह किसी से भी छिपा नहीं है। इस हालत में पार्टी प्रवक्ताओं को भी नई जिम्मेदारी दी जाएगी।
— Mayawati (@Mayawati) March 12, 2022
Comments are closed.