गोरखपुर से कानपुर अउर वाराणसी खातिर होई हवाई सफर चालू

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 15, 2022

गोरखपुर से अब कानपुर अउर वाराणसी के सफर आसान होई। काहेंसेकी हवाई सफर यूपी में एक बेरर फिर से भगवा लहरइले के असर दिखे लागल बा। केंद्र सरकार के उड़ान (उड़े देश के हर नागरिक)

Share

गोरखपुर से अब कानपुर अउर वाराणसी के सफर आसान होई। काहेंसेकी हवाई सफर यूपी में एक बेरर फिर से भगवा लहरइले के असर दिखे लागल बा। केंद्र सरकार के उड़ान (उड़े देश के हर नागरिक) योजना के तहत अब औद्योगिक नगरी कानपुर अउर आध्यात्मिक नगरी वाराणसी खातिरो अब गोरक्ष की धरती से उड़ान 27 मार्च, 2022 से सुरू होखे जा रहल बा। गोरखपुर एयरपोर्ट प्रशासन एही के संगही उड़ान के शेड्यूल जारी क देहले बा।

27 मार्च से सुरू होंगी उड़ान

यूपी के नवका सहर कानपुर अउर वाराणसी खातिर सुरू होखे आला नवका उड़ान के अलावा एयरपोर्ट प्रशासन गोरखपुर से बेंगलूरू खातिर बंद चल रहल हवाई सेवा के 27 मार्च से फिर से सुरू करे जा रहल बा। एकरे अलावा कोलकाता खातिर अभिन ले एक्के उड़ान सेवा रहल जौन अब बढ़ाके दू गो क देहल गइल बा। एह तरे 15 उड़ान के प्रतिदिन अब 30 मूवमेंट होई।

स्पाइस जेट के बेंगलूरू, मुंबई, वाराणसी, कानपुर अउर कोलकाता के एक-एक गो जबकि दिल्ली खातिर दूगो उड़ान होई। उहवें, इंडिगो एयरलाइंस के एक-एक गो उड़ान बादराबाद, प्रयागराज, दिल्ली, कोलकाता अउर बाम्बे (मुम्बई) होई। एही क्रम में एयर अलायंस के दिल्ली अउर लखनऊ खातिर एक-एक गो उड़ान रही।

एयरपोर्ट डायरेक्टर प्रभाकर बाजपेयी बतवनें कि उड़ान योजना के तहत हवाई सेवा के माध्यम से 27 मार्च से गोरखपुर से कानपुर अउर वाराणसी जुड़ रहल बा। बेंगलूरू के बंद चल रहल उड़ान सेवो एही दिन से सुरू होई। एकरे अलावा कोलकाता खातिर एगो उड़ान सेवा नागरिकन के अउर मिली। ई सब केंद्र सरकार, कार्यवाहक मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अउर सदर सांसद गोरखपुर रवि किशन शुक्ल के प्रयास से संभव हो रहल बा। कुछ अउर शहरन खातिर गोरखपुर से उड़ा जल्द सुरू कइले के प्रस्ताव बा।

स्पाइस जेट उड़ानें :-

शहर आगमन प्रस्थान
बेंगलूरू 07:25 07:55
मुम्बई 08:25 08:55
वाराणसी 09:35 09:55
दिल्ली 11:15 11:45
कानपुर 12.35 12:55
दिल्ली 17:10 17:30
कोलकाता 19:00 19:30

इंडिगो की उड़ानें :-

शहर आगमन प्रस्थान
हैदराबाद 13:15 13:45
प्रयागराज 14:35 14:55
दिल्ली 15:25 15:55
कोलकाता 16:35 16:55
मुम्बई 18:10 18:40

एयर अलायंस की उड़ानें :-

शहर आगमन प्रस्थान
दिल्ली (आगमन) 13.30 लखनऊ (प्रस्थान) 14:00
लखनऊ (आगमन) 16:20 दिल्ली (प्रस्थान) 16:40

 

साभार – दैनिक भास्कर

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.