Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जम्मू-कश्मीर में बड़हन ऐक्शन

ताबड़तोड़ 3 मुठभेड़ में मार गिरावल गइनें 5 आतंकी

170

जम्मू कश्मीर में रात भर चलल तीन अलग-अलग ऑपरेशन में पांच आतंकवादी मार देहल गइल बाने। पुलिस बतवलस कि पुलवामा के चेवाकलां इलाका में मुठभेड़ में पाकिस्तान के आतंकी संगठन जैश-ए-मोहम्मद (JeM) के दू गो आतंकवादी मारल गइनें। ओमें से एगो के पहचान पाकिस्तानी जैश कमांडर कमाल भाई के रूप में भइल बा, जौन 2018 से सक्रिय रहल।

उहवें, जम्मू-कश्मीर के गांदरबल में सुरक्षाबल से मुठभेड़ में 2 आतंकियन के मार गिरवलस। मारल गइल एगो दहशतगर्द आतंकी संगठन लश्कर-ए-तैएबा से जुड़ल रहल। दुसरका आतंकवादी के पहचान अभिन नाइ हो पवले बा। ई एनकाउंटर गांदरबल के सेरच इलाका में भइल। सर्च ऑपरेशन अभिन जारी बा।

227270cookie-checkजम्मू-कश्मीर में बड़हन ऐक्शन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.