केजरीवाल के खिलाफ ‘आपत्तिजनक’ ट्वीट कइले पर बग्गा पे पटियाला में FIR

कुमार आशू

पंजाब के पटियाला शहर में पुलिस भारतीय जनता पार्टी के युवा शाखा के राष्ट्रीय सचिव तजिंदर पाल सिंह बग्गा के खिलाफ प्राथमिकी दर्ज कइले बा। ई प्राथमिकी उनके खिलाफ दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के आलोचना के ले के दर्ज कइल गइल बा। केजरीवाल फिल्म द कश्मीर फाइल्स के ले के असंवेदनशील टिप्पणी कइले रहने। एफआईआर के बाद तजिंदर के कहनाम बा कि एगो नाइ 100 एफआईआर करs। लेकिन अगर केजरीवाल हिंदुओं के नरसंहार के ले के झूठ बोलिहें त हम कहब। एतने नाइ, पार्टी बग्गा के समर्थन कइले बा।

तजिंदर पाल सिंह बग्गा एफआईआर पs जवाब देत लिखने, ‘एक नाइ 100 FIR करs, लेकिन केजरीवाल अगर कश्मीरी हिंदुअन के नरसंहार के झूठ बोलिहें त हम बोलब, अगर केजरीवाल कश्मीरी हिंदुअन के नरसंहार पs ठहाका लगइहें त हम बोलब, चाहे ओकरे खातिर हमके जौन अंजाम भुगते पड़े, हम तइयार बानी। हम केजरीवाल के छोड़े नाइ वाला, नाक में नकेल डाल के रहब ओनके।’

बग्गा के बयान के दिल्ली भाजपा अध्यक्ष आदेश गुप्ता समर्थन कइने। ऊ कहने कि देखत बानी जा दिल्ली सीएम केजरीवाल केन्ना लोग पs एफआईआर करवइहें। ऊ ट्वीट किया, ‘आज देश के हर एक हिंदू आप के हिंदूविरोधी चेहरा के बेनकाब कइले खातिर भाजपा के संगे खड़ा बा, तजिंदर पाल सिंह बग्गा के संगे खड़ा बा। देखत बानी केतना जनी पs FIR करावत बाने अरविंद केजरीवाल!’

 

साभार – हिन्दुस्तान

Share This Article